Politics: तेजस्वी के मिलल कौशल, पूर्णिमा आ सलमान के साथ, 2 दर्जन नेता थामल लो लालू के लालटेन

Share

नवादा। नवादा शहर के आईटीआई मैदान में बुध के आयोजित मिलन समारोह के संबोधित करे पहुंचल नेता प्रतिपक्ष आ बिहार के पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव कहलें कि बिहार में नीतीश कुमार के सरकार ठीक से काम नइखे करत। आम जनता महंगाई, युवा, मजदूर बेरोजगारी आ लोग बढ़त अपराध से परेसान बा।

समारोह में पहुंचल हजारन उत्साहित युवा लोग के अपना सामने पा के तेजस्वी के कहनाम बा कि बिहार में परिवर्तन ले आवे के बा तs सबका एकजुट होखे के होई।

कौशल यादव, पूर्णिमा यादव सहित सलमान रागिव के तेजस्वी दिलवले राजद के सदस्यता

समारोह में नवादा के पूर्व विधायक कौशल यादव, गोविंदपुर के पूर्व विधायक पूर्णिमा यादव, नवादा के पूर्व एमएलसी सलमान रागिव राजद के सदस्यता लिहल लो। पूर्व डिप्टी सीएम एह तीनो नेता लोग के राजद के सदस्यता वाला रसीद देलें। एह दौरान पार्टी के प्रांतीय अध्यक्ष मगनी लाल मंडल, उदय नारायण चौधरी, शक्ति सिंह यादव सहित कइयन गो सीनियर नेता मंच पऽ मवजूद रहे लो।

एही समारोह में जदयू के पूर्व संगठन से जुड़ल रहल सइयन गो नेता आ कार्यकर्ता, कौशल यादव के समर्थक राजद ज्वाइन कइल लो। करीब दु दर्जन बड़ नेता लोगन के नाम मंच से घोषित कइल गइल।

एह आयोजन में राजद के प्रदेश सचिव श्रवण कुशवाहा, जिलाध्यक्ष उदय यादव, अशोक महतो, पूर्व विधायक प्रदीप कुमार, विनय यादव, नारायण स्वामी मोहन, पिंकी भारती, प्रेमा चौधरी, अनवर भट्ट, पूनम चंद्रवंशी, संजय यादव सहित आउर नेता मवजूद रहे लो। एकरा पहिले तेजस्वी यादव के मंच पऽ सोना के मुकूट, चांदी के लालटेन भेंट कइल गइल। फूल के बड़ माला पहनावल गइल।

बिहार में अगिला सरकार तेजस्वी यादव के नेतृत्व में बनी: मगनी लाल मंडल

समारोह में राजद के प्रांतीय अध्यक्ष मगनी लाल मंडल राजद ज्वाइन कइला पऽ नवादा जिला के कद्दावर नेता कौशल यादव, पुर्णिमा यादव, सलमान रागिव के आपन सुभकामना देलें। उ कहलें कि इनका अइला से राजद संगठन आउर अधिक मजबूत होई। बिहार में तेजस्वी यादव के नेतृत्व में नया सरकार गठित होखे में एह नेता लोगन के पूर्ण सहजोग के बात कहलें।

बिहार में महागठबंधन के ओर से चक्का जाम के लेके कहलें कि भाजपा नेता लोगन के अहसास हो गइल बा कि हवा तेजस्वी के पक्ष में बह रहल बा।

राजद नेता उदय नारायण चौधरी कहलें कि कौशल यादव एह समारोह के माध्यम से सब अतिपिछड़ा, अनुसूचित, पिछड़ा, अकीलियत, गरीब-गुरबा के जोड़े के काम कइलें। ई बहुत नीक काम करत बाड़ें। इनका अइला से राजद के मजबूती मिली।

जय नवादा-विजय नवादा-नया नवादा के नारा बुलंद कर के नवहन में जोश भर गइलें तेजस्वी

नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव अपना भाषण के सुरुआत में पूरा उत्साहित नजर अइलें। उ अपना भाषण में जय नवादा-विजय नवादा-नया नवादा के नारा बुलंद कर के समूचा नवहन में जोश भर देलें। आईटीआई मैदान में हजारन के भीड़ सबेरही तेजस्वी के भाषण सुने के लालायित रहलें।

बीतल एक हफ्ता से मैदान में तइयारी चलत रहे। तेजस्वी के सुने के खातिर हर उमिर के लोग जुटल रहे। जिला के अलग-अलग पंचायत आ प्रखंड से कइयन गो नेता अपना सैकड़न समर्थकन के संगे नवादा आइल लो।

Read Also: दिल्ली-NCR में भूकंप के तेज झटका, घर से बाहर निकलल लोग; 10 सेकेंड तक कांपल धरती

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-