पटना : राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव अतवार के अपना बाबूजी आ मां खातिर एगो भावुक पोस्ट कइलें। पोस्ट में ऊ खुद के राजनीति के शिकार बतवलें आ बिना नाम लेले उनका खिलाफ सियाशी साजिश रचे वालन पs निशाना सधलें। ऊ माइक्राब्लॉगिंग साइट ‘एक्स’ पs लिखलें,
मेरे प्यारे मम्मी पापा… मेरी सारी दुनिया बस आप दोनों में ही समाई है। भगवान से बढ़कर है आप और आपका दिया कोई भी आदेश। आप है तो सब कुछ है मेरे पास। मुझे सिर्फ आपका विश्वास और प्यार चाहिए न कि कुछ और। पापा आप नहीं होते तो न ये पार्टी होती और न मेरे साथ राजनीति करने वाले कुछ जयचंद जैसे लालची लोग। बस मम्मी पापा आप दोनों स्वस्थ और खुश रहे हमेशा।
छव साल खातिर पार्टी से निलंबित, परिवार से दूर
एकरा पहिले 25 मई के पूर्व मंत्री आ राष्ट्रीय जनता दल के विधायक तेज प्रताप यादव के राष्ट्रीय जनता दल से निकाल दिहल गइल रहे। तेज प्रताप के छव साल खातिर पार्टी से निलंबित कs दिहल गइल रहे। लालू उनका के परिवारो से दूर कs देले रहस। लालू ‘एक्स’ पs लिखले रहस, ‘निजी जीवन में नैतिक मूल्यन केअवहेलना कइल हमनी के सामाजिक न्याय खातिर सामूहिक संघर्ष के कमजोर करेला। ज्येष्ठ पुत्र के गतिविधि, लोक आचरण आ गैर जिम्मेदाराना बेवहार हमनी के पारिवारिक मूल्यन आ संस्कारन के मोताबिक नइखे। एहिसे एह परिस्थितियन के चलते उनका के पार्टी आ परिवार से दूर करत बानी। अब से पार्टी आ परिवार में उनकर कवनो तरे के कवनो भूमिका ना रही। उनका के पार्टी से छव साल खातिर निष्कासित कइल जात बा।’
तेज के अकाउंट से भइल पोस्ट मचा देले रहे घमासान
एकरा पहिले 24 मई के तेज प्रताप यादव के ऑफिशियल फेसबुक अकाउंट पs शेयर कइल गइल पोस्ट बवाल मचा देले रहे। पोस्ट में तेज प्रताप एगो लईकी के संगे लउकत रहस। एमे लिखल गइल रहे कि हमनी दुनो पिछला 12 सालन से एक दूसरा के जानत बानी सs। प्यारो करेनी सs। पिछला 12 साल से हमनी के रिलेशन में बानी सs। हम बहुत दिनन से रउआ लोगन से ई बात कहल चाहत रहनी बाकिर समझ ना आवत रहे कि कइसे कहीं….? एहिसे आज एह पोस्ट के माध्यम से अपना दिल के बात रउआ सब के बीच रख रहल बानी! उम्मेद करत बानी कि रउआ लोग हमरा बातन के समझेम।
बवाल भइल तs डिलीट कs दिहल गइल पोस्ट
पोस्ट के लेके बवाल भइल तs ई सोशल मीडिया से गायब कs दिहल गइल। तेज प्रताप यादव के अकाउंट से एकरा के डिलीट कs दिहल गइल। हालांकि, तब तक एकर स्क्रीनशॉट लोग सुरक्षित कs लिहल। देखते देखत पोस्ट के तस्वीर सोशल मीडिया पs वायरल होखे लागल। मीडियाे में एकर खूब चरचा भइल।
तेज प्रताप के सफाई- हमार अकाउंट हैक हो गइल रहे
ममिला के तूल पकड़ता देख तेज प्रताप ‘एक्स’ पs अकाउंट हैक होखे के जानकारी देलें। ऊ कहलें, ‘हमरा सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के हैक कs लिहल गइल रहे। हमरा तस्वीरन के गलत तरीका से एडिट कs के हमरा आ हमरा परिवार वालन के परेसान आउर बदनाम कइल जा रहल बा।हम अपना शुभचिंतकन आ फॉलोवर्स से अपील करत बानी हूं कि रउआ लोग सतर्क रहीं आ कवनो अफवाह पs धेयान ना दिहीं।’
Read Also: 01 जून 2025 के राशिफल