Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तेज प्रताप यादव के सातवाँ आसमान पर गुस्सा, कहले – चार साल से ई सब के सामना करत बानी, पत्नी के बारे में ई बात कहले,

1,217
Google Ads 300*250 for posts

राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव आजकल बेमार बाड़े। उनुकर इलाज दिल्ली एम्स में चलता। एही बीच उनुका बड़ बेटा तेजप्रताप यादव के नाराजगी सातवां आसमान प बा। उ ना सिर्फ विपक्षी दल प आपन बदनाम करे के आरोप लगावतारे, बालुक अब उ अपना पत्नी ऐश्वर्या राय अवुरी ससुराल के लोग प भी गंभीर आरोप लगवले बाड़े। तेज प्रताप यादव फेसबुक लाइव पर आके आपन नाराजगी जतवले आ कहले कि – पिछला चार साल से हमरा उत्पीड़न आ परेशानी के सामना करे के पड़त बा।

फेसबुक लाइव में तेज प्रताप का कहने

मंगलवार के फेसबुक लाइव प आवत तेज प्रताप आरोप लगवले कि उनुका पत्नी अवुरी ससुराल के लोग उनुका के यातना देत बाड़े। तेजप्रताप यादव गंभीर आरोप लगावत कहले कि, हमार ससुराल के लोग हमरा के परेशान करतारे अवुरी मुआवजा के तौर प हमरा से करोड़ों रुपया के मांग करतारे। उ हमरा माई-बाबूजी के भी गाली-गलौज कईले बाड़े। बाबूजी कई गो बेमारी से पीड़ित बाड़े आ एह घरी अस्पताल में भरती बाड़े. पिछला 4 साल से फिलहाल फैमिली कोर्ट में चल रहल तलाक के मामला के दुर्दशा के सामना करे के पड़ता। इहो पढ़ीं – वायरल वीडियो: नागपंचमी पर भारत में गजब के साँप मेला, नजारा रउरा के अचरज में डाल दी। देखल जाव वीडियो

छवि के बदनाम करे के आरोप विपक्ष

तेज प्रताप कहले कि, हमार सार्वजनिक छवि बर्बाद करे के साजिश चलता। उ लोग हमरा परिवार के छवि के भी नष्ट करे के कोशिश करतारे। इ लोग हमरा बाबूजी, माई, भाई-बहिन के निशाना बनावत बाड़े। हमरा लगे ससुराल के खिलाफ बहुत सारा वीडियो आ ऑडियो सबूत बा।

पत्नी ऐश्वर्या खातिर ई बात कहले

तेज प्रताप पत्नी ऐश्वर्या राय खातिर कहले कि- इ हमरा पत्नी से जुडल मामला बा.. उ महिला हई, हम उनुकर छवि कलंकित नईखी कईल चाहत। हमरा लगे भी बहुत सारा वीडियो बा, लेकिन हम उनुका छवि के नुकसान पहुंचावे के बारे में भी नईखी सोच सकत। चुकी इ बहुत संवेदनशील मामला बा एहसे हम एकरा के सार्वजनिक क्षेत्र में राखे से परहेज करतानी।”

मीडिया से निहोरा कइलें

उ आरोप लगवले कि, “हम मीडिया संगठन से भी निहोरा करतानी कि उ लोग झूठा जानकारी मत प्रकाशित करे। हमरा मालूम रहे कि कुछ मीडिया संगठन हमरा सार्वजनिक छवि के बदनाम करे खाती विपक्षी दल के नशा में फेक न्यूज चलावत रहले। हम निहोरा करतानी कि अयीसन ना करीं।”

297220cookie-checkतेज प्रताप यादव के सातवाँ आसमान पर गुस्सा, कहले – चार साल से ई सब के सामना करत बानी, पत्नी के बारे में ई बात कहले,

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.