Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उपराष्ट्रपति चुनाव में वोट ना दी TMC, राष्ट्रपति चुनाव में यशवंत सिन्हा के बनवले रहे उम्मीदवार

1,021

यशवंत सिन्हा के बनवले रहे राष्ट्रपति उम्मीदवार

राष्ट्रपति चुनाव से पहिले ममता बनर्जी बहुते सक्रिय नजर आइल रही। ऊ दिल्ली पहुंचके विपक्षी दलन के बैठक कइले रहली। ओइसे, ओह बैठक में राष्ट्रपति उम्मीदवार पs फाइनल फसिला ना लिहल जा सकल रहे। बाद में टीएमसी नेता रहल यशवंत सिन्हा के राष्ट्रपति उम्मीदवार बनावल गइल। यशवंत सिन्हा के उम्मीदवारी तय होखला के बाद ऊ टीएमसी से इस्तीफा दे देले रहस। राष्ट्रपति चुनाव में एतना ऐक्टिव रहे वाला पार्टी के उपराष्ट्रपति चुनाव में वोटिंग से किनारा कs लिहल हैरान करे वाला फसिला बा।

टीएमसी काहे बनवलस वोटिंग से दूरी

अभिषेक बनर्जी वोटिंग से दूरी बनावे के वजहो बतवले। ऊ कहले कि विपक्ष उम्मीदवार घोषित करे से पहिले टीएमसी से कवनो सलाह ना कइलस आ बिना बतवले मार्गरेट अलवा के उम्मीदवार बना देलस। ऊ कहले कि एनडीए उम्मीदवार के समर्थन करे के कवनो सवाले नइखे। अइसना में टीएमसी के वोटिंग से दूरी बनावे के फसिला लेवे के पड़ल।

धनखड़ो कइले रहस समर्थन के अपील

कुछ दिन पहिलही ममता बनर्जी आ जगदीप धनखड़ के बीच मुलाकात भइल रहे। सूत्रन के कहनाम बा कि धनखड़ उनका से समर्थन के अपील कइले रहस। राज्यपाल रहते  धनखड़ आ ममता बनर्जी के बीच के इस्थिति सभे जानत बा। ओइसे, राजभवन छोड़ें से पहिले जगदीप धनखड़ ममता बनर्जी से अपील कइले रहस कि ऊ उनकर फॉर्मैलिटी जल्दी पूरी करवा देस। एहपर ममता बनर्जी मदद के आश्वासन देले रहली।

297760cookie-checkउपराष्ट्रपति चुनाव में वोट ना दी TMC, राष्ट्रपति चुनाव में यशवंत सिन्हा के बनवले रहे उम्मीदवार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.