Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्वाद यात्रा: गर्मी में यूपी बिहार के खास मलाई कुल्फी – Malai Kulfi Recipe

754

दूध आ मेवा से बनल मलाई कुल्फी के लाज़बाव स्वाद लइकन आ बड लोग के भी खूब पसंदो आवेला । एह कुल्फी के रउवा कुल्फी मोल्ड में बना सकत बानी

सामग्री – Ingredients for Malai Kulfi

फूल क्रीम दूध – 1 लीटर

पाउडर चीनी – ½ कप (80-90)ग्राम

काजू – 8-10

छोटी इलायची – 4

पिस्ते – 10-12

विधि – How to make Malai Kulfi

सबसे पहले दूध के अउटे ला एगो बर्तन में डाल दी, आ दूध में उबाल आवे दी ।

काजू के छोट छोट टुकड़ा काट के तैयार कर ली । पिस्ता के पातर टुकड़ा में काट ली। छोटी इलाइची के छील के दरदरा पाउडर बना ली।

दूध उबलल शुरू होखला के बाद हर 1-2 मिनट में चम्मच से दूध के हिलावत रहीं, जब तक कि गाढ़ ना हो जाए आ दूध आधा ना हो जाए तब तक पकावत रहीं, दूध आधा कम होखला के बाद कटल काजू आ पिस्ता डाल दीं। दूध के तनी गाढ़ होखे दीं, इलायची के पाउडर आ पाउडर चीनी डाल के दूध के मिला के 1-2 मिनट तक उबाल लीं।

चूल्हा से दूध उतार के ठंडा होखे खातिर राख दी। दूध ठंडा होखला के बाद ओकरा के कुल्फी मोल्ड में डाल के ढंक के 6-8 घंटा तक फ्रीजर में राख दी ताकि ऊ फ्रीज हो जाए।

एक बेर कुल्फी जम गइला के बाद फ्रीजर से निकाल के परोसीं आ 10 मिनट के भीतर ठंडा कुल्फी के खा लीं।

सुझाव:

मलाई कुल्फी बनावे खातिर दूध उबालत घरी दूध के बढ़िया से हिला के गाढ़ करे के पड़ेला, दूध बर्तन के नीचे से ना चिपके के चाही, ना त कुल्फी के स्वाद खराब हो जाई।

825190cookie-checkस्वाद यात्रा: गर्मी में यूपी बिहार के खास मलाई कुल्फी – Malai Kulfi Recipe

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.