स्वाद यात्रा ; रोज़ रोज़ के सब्जी से बोर हो गइल बानी तऽ एकता त्रिपाठी जी के स्पेशल क्रीमी चीज वेजिस जरूर ट्राई करी, जानी पुरा रेसिपी

Share

जदी रउवा भी हर दिन के खाना से बोर हो चुकल बानी आ कुछ अलग आ अच्छा खाए के मन हो रहल बा तऽ खबर भोजपुरी के स्वाद यात्रा रउवा के घर बइठल रेस्टोरेंट स्टाइल स्वादिष्ट रेसिपी देवे ला आ गइल बा।

आज के ई खास रेसिपी हमनी के गोरखपुर के एकता त्रिपाठी जी से मिलल बा , जे होम मेकर के संगे-संगे होम बेकर भी बानी ।

आई जाने के स्पेशल क्रीमी चीज वेजीस के रेसिपी :

सामग्री (मेजन)

  • बटर
  • पनीर -२००gm
  • स्टीम्ड राइस (भात) -२ कटोरी
  • प्रोसेस्ड चीज – २ स्लाइस
  • ओरिगेनो
  • चिली फ्लेक्स
  • नमक
  • कॉर्न फ्लोर – 1 टेबल स्पून
  • दूध – 1कप
  • हरियर सब्जी ( मटर,शिमला मिर्च,प्याज,कॉर्न, ब्रॉकली,बेबी कार्न.. आपन पसंदीदा कोई भी सब्जी ले सकत बानी) ।

रेसीपी 

  • गर्म नॉन स्टिक पैन में तनिका सा बटर डाल पनीर के सेक लिही।
  • ओरिगेनो,चिली फ्लेक्स,नमक पनीर पे स्प्रिंकल कs के उलट पुलट के निमन से सेक के पनीर के आंच से उतार साइड कs लिही।
  • एगो पतीला में पानी गरम कs सब रफली चॉप्ड सब्जी के ब्लांच कs ली ताकि ओकर कचापन निकल जाए आ टेक्सचर तनी सॉफ्ट हो जाए।
  • अब फेरू अपना नॉन स्टिक पैन के गर्म कर के मक्खन डाली आ एक एक कs के सब सब्जी के सोंटे कs लिही।अब आंच धीमा कs के रूम टेंप्रेचर पs रखल दूध के ओह में डाल के मिलाई।
  • एगो कटोरी में आधा से तनी कम पानी लेके कॉर्न फ्लोर मिक्स कs लिही आ ओह के भी पैन में डाल दी ताकि सब्जी में थिंकनेस आवे ।
  •  सब्जी में उबाल आवे पs चीज के स्लाइस डाल दीही।
  • स्वादानुसार ओरिगेन, चिल्ली फ्लेक्स, नमक मिलाके फ्लेम के बंद कs दीही।

सेकल पनीर आ भात के संगे सर्व करी आ अपना लोग के संगे आनंद लीही ई नया आ स्वादिष्ट रेसिपी के।

नोट ; फुल रेसिपी वीडियो रउवा एकता जी के यूट्यूब चैनल पs भी देख सकत बानी जवना से रउवा ई खास रेसिपी बनावे में सहूलियत होई।

<

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-