T20 World Cup: सुपर-8 से पहिले भारतीय टीम के बढ़ल चिंता, विस्फोटक बल्लेबाज के हाथ में लागल चोट, सामने आइल अपडेट

Share

T20 World Cup: भारत बियफे के बारबाडोस में आपन पहिला सुपर 8 मैच में अफगानिस्तान से भिड़ी। ई 2007 के चैंपियन खातिर कैरिबिया में पहिला मैच होई। दरअसल, टीम ग्रुप स्टेज के आपन सब मैच अमेरिका में खेलले बिया।

दुनिया के नंबर एक टी20 बल्लेबाज सूर्यकुमार यादव सोमार के चोटिल हो गइले। प्रशिक्षण सत्र के दौरान उनका हाथ में चोट लाग गइल जवन टीम इंडिया के चिंता बढ़ा देले बा। दरअसल, बीतला दिन भारतीय टीम बारबाडोस के ब्रिजटाउन में प्रशिक्षण सत्र के शुरुआत कइलस। एही दौरान स्टार बल्लेबाज के नेट पs बल्लेबाजी करत घरी हाथ पs चोट लाग गइल। जवना के बाद फिजियो पहुंचेले आ उनका के प्राथमिक इलाज देले। एकरा बाद स्टार खिलाड़ी एक बार फेर बल्लेबाजी कइले।

भारत बियफे के बारबाडोस में आपन पहिला सुपर 8 मैच में अफगानिस्तान से भिड़ी। ई 2007 के चैंपियन खातिर कैरिबिया में पहिला मैच होई। दरअसल, टीम ग्रुप स्टेज के आपन सब मैच अमेरिका में खेलले बिया। भारत ने न्यूयॉर्क में तीन मैच खेललस जबकि शनिचर के फ्लोरिडा में कनाडा के खिलाफ ओकर आखिरी मैच बरखा के चलते धुल गइल, जवना के वजह से भारत के अपना प्लेइंग 11 के साथे प्रयोग करे मे मौका ना मिलल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-