छपरा: हैंडबॉल चैंपियनशिप के फाइनल में पटना से हारल सारण के टीम, बनल उपविजेता

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2024

छपरा। बिहार हैंडबॉल संघ के तत्वावधान में पटना के मनेर शेरपुर में 9वीं सबजूनियर बालिका हैंडबॉल प्रतियोगिता के आयोजन भइल। फाइनल मैच में पटना आ सारण के बीच रोमांचक मुकाबला देखे के मिलल। एमे सारण

Share

छपरा। बिहार हैंडबॉल संघ के तत्वावधान में पटना के मनेर शेरपुर में 9वीं सबजूनियर बालिका हैंडबॉल प्रतियोगिता के आयोजन भइल। फाइनल मैच में पटना आ सारण के बीच रोमांचक मुकाबला देखे के मिलल। एमे सारण के टीम पटना से 14-10 गोल के अंतर से हार गइल।

बता दीं कि प्रतियोगिता में सारण के टीम सुरूआती मुकाबलन में दरभंगा, जहानाबाद, कैमूर, वैशाली, पूर्णिया आ सेमीफाइनल में नवादा के पराजित कs के फाइनल में आपन जगह बनावे में सफल रहल रहे। हालांकि, कड़ा टक्कर देला के बादो फाइनल में पटना से हारके सारण टीम के उपविजेता ट्रॉफी से संतोष करे के पड़ल। सारण टीम में सामिल सब प्रतिभागियन के अतिथियन कावर से सिल्वर मेडल देके सम्मानित कइल गइल।

सारण के कप्तान राष्ट्रीय खिलाड़ी रागिनी के मिलल बेस्ट प्लेयर के ट्रॉफी

मैन ऑफ द टूर्नामेंट बेस्ट प्लेयर के ट्रॉफी सारण टीम के कप्तान राष्ट्रीय खिलाड़ी रागिनी कुमारी के मिलल। ऊ संत जलेश्वर एकेडमी के छात्रा हई। ओहिजा, बेस्ट गोलकीपर के खिताब पटना के सोनाली के मिलल। सारण टीम के कोच राष्ट्रीय खिलाड़ी आकाश कुमार रहस। जबकि मैनेजर शिक्षक अंकित कुमार रहस। प्रतियोगिता में तकनीकी पदाधिकारी के रूप में राष्ट्रीय रेफरी रितेश कुमार सिंह आ अभिषेक कुमार सिंह भाग लेलें।

टीम के बेहतर प्रदर्शन पs मिलल बधाई

सारण टीम के बेहतर प्रदर्शन पs सारण जिला हैंडबॉल संघ के मुख्य संरक्षक विधान पार्षद इंजीनियर सच्चिदानंद राय, अध्यक्ष कृष्णमोहन सिंह, चेयरमैन डॉ. हरेंद्र सिंह, उपाध्यक्ष डॉ. जितेंद्र सिंह, मुखिया अजीत सिंह, राकेश कुमार सिंह, कोषाध्यक्ष प्रिंस कुमार, ठाकुर विनोद सिंह, सचिव संजय कुमार सिंह बधाई दिहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.