स्वाद यात्रा : सावन स्पेशल होममेड ठंडाई , जानी पूरा रेसीपी

Share

घर में बनाई ठंडई : दूध, बादाम आ मसाला के संगे तैयार ठंडई पी के रउवा काफी ताज़ा महसूस करेम। महज 20 मिनट में रउआ एकरा के गर्मी के मौसम में तैयार कs सकेनी जवना में रउआ भारतीय मसाला के भरपूर स्वाद भी मिलेला। सावन में भोले बाबा के प्रसाद स्वरूप भी एह के बना के ग्रहण कइल जाला

 

होममेड ठंडाई के सामग्री / मेजन 

  • 2 टी स्पून बादाम
  • 3 टी स्पून काजू
  • 3 टी स्पून पिस्ता
  • 3 टी स्पून खरबूजे के बीज
  • 3 टी स्पून खसखस
  • 3 टी स्पून हरी इलाइची
  • 2 टी स्पून दालचीनी
  • 1 टी स्पून काली मिर्च
  • 1 कप फुल क्रीम दूध
  • 1½ कप चीनीगुलाब के पंखुड़ि

घर के बनावल ठंडई के रेसिपी

1. एगो कटोरी में बादाम, काजू, पिस्ता, खरबूज के बीज, खसखस, हरियर इलायची, दालचीनी आ काली मिर्च मिला लीं।

 2. ई सब मिक्सर में पीस के पाउडर बनाईं।

 3. कड़ाही में दूध लेके उबाल लीं।

 4. उबलत दूध में चीनी डाल दीं।

 5. अब दूध में चीनी आ मसाला पाउडर मिला लीं।

 6. ठंडा होखे खातिर फ्रिज में राख दीही।

 7. ओकरा बाद एकरा के गिलास में निकाल लीं

 8. बादाम, काजू आ गुलाब के पंखुड़ी से सजाईं।

 9. ठंडा – ठंडा सर्व करी

 10. बहुत लोग एह में भांग मिलावेला ई

राउर आपन इच्छा पs बा।

 

सावन स्पेशल में गर्मी से राहत पावेला जरूर से घर बइठल बनाई ठंडा ठंडा ठंडई।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-