30 जुलाई के इतिहास: जब देश में छा गइल रहे अंधेरा, जानी देश दुनियां में काहे बा आज के दिन खास

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 30, 2024

30 जुलाई के इतिहास के बात करीं तs सबके याद होई कि 30 जुलाई 2012 के ऊ दिन, जब रात के 2.30 बजे अचानक बिजली गुल हो गइल रहे। बिजली के गइल कवनो बड़ बात

Share

30 जुलाई के इतिहास के बात करीं तs सबके याद होई कि 30 जुलाई 2012 के ऊ दिन, जब रात के 2.30 बजे अचानक बिजली गुल हो गइल रहे। बिजली के गइल कवनो बड़ बात नइखे, बाकी उत्तर भारत के सात राज्य में एक संगे बिजली के विफलता हो गइल तs निश्चित रूप से ई बड़ बात बा। दरअसल 30 जुलाई 2012 के नॉर्दर्न ग्रिड में खराबी के चलते दिल्ली, उत्तर प्रदेश, जम्मू-कश्मीर, पंजाब, हरियाणा, चंडीगढ़ आ हिमाचल प्रदेश में एक संगे बिजली के खराबी से 36 करोड़ लोग प्रभावित भइले। बिजली के खराबी के चलते बहुत ट्रेन के बीच में रोके के पड़ल आ राजधानी दिल्ली में मेट्रो सेवा ठप्प हो गइल। मेट्रो ना चलला के चलते दिल्ली के रफ्तार ठप्प हो गइल। पहिला बेर बिजली निर्भरता के असर एतना बड़ पैमाना पs महसूस भइल।

देश आ दुनिया के इतिहास में 30 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा।

1836 : अमेरिका के हवाई में पहिला अंग्रेजी भाषा के अखबार छपल।

 1886 : देश के पहिला महिला विधायक आ समाज सुधारक एस. मुथुलक्ष्मी रेड्डी के जन्म।

 1909 : राइट ब्रदर्स लोग सेना खातिर पहिला विमान बनवलख।

 1930 : डेथ वैली डेज के पहिला बेर एनबीसी रेडियो पर प्रसारण भइल ।

 1942 : बेलारूस के मिन्स्क में जर्मन सेना 25,000 यहूदी लोग के हत्या कर दिहलख।

 1957 : भारतीय निर्यात जोखिम बीमा निगम (निजी) लिमिटेड के स्थापना भइल।

 1966 : इंग्लैंड पहिला बेर फुटबाल विश्व कप जीतल ।

 1980 : वानुअतु देश के आजादी मिलल।

 2002 : कनाडा अल कायदा समेत सात गो समूहन के आतंकी संगठन घोषित कइलख ।

 2007 : चीनी वैज्ञानिक लोग झेंगझौ में लगभग 50 लाख साल पुरान चट्टान के खोज कइल।

 2012 : उत्तरी ग्रिड में खराबी के चलते दिल्ली समेत सात राज्य में बिजली के विफलता। 36 करोड़ लोग प्रभावित भइले ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.