बॉलीवुड एक्ट्रेस शिल्पा शेट्टी के पति अउर बिजनेसमैन राज कुंद्रा के पोर्नोग्राफी मामिला में सुप्रीम कोर्ट से राहत मिलल बा। सुप्रीम कोर्ट राज कुंद्रा के सथही मॉडल शर्लिन चोपड़ा, पूनम पांडे अउर उमेश कामतो के अश्लील सामग्री बनवले अउर उनके ओटीटी प्लेटफॉर्म पर दिखावे के मामिला में अग्रिम जमानत दे दिहले बा। कोर्ट के ओर से कहल गइल बा कि सब आरोपियन के जांच में सहयोग करे के चाहीं अउर जरूरत पड़ले पर जांच में शामिल होखे के चाहीं।
Supreme Court grants anticipatory bail to businessman and Bollywood actor Shilpa Shetty's husband Raj Kundra, models Sherlyn Chopra and Poonam Pandey and one Umesh Kamat in a case relating to creating obscene content and showing it on OTT platforms. pic.twitter.com/1JYOlRcJ7K
— ANI (@ANI) December 13, 2022
पिछले महीना दाखिल भइल चार्जशीट
पिछले महीना महाराष्ट्र साइबर पुलिस पोर्नोग्राफी मामिला में राज कुंद्रा, शर्लिन चोपड़ा अउर पूनम पांडे के खिलाफ चार्जशीट दाखिल कइले रहे। चार्जशीट में एह बात के दावा कइल गइल कि राज कुंद्रा मुंबई के आसपास स्थित पांच सितारा होटल में अश्लील फिल्म के शूटिंग कइलें अउर एकरे बाद ओके ओटीटी प्लेटफॉर्म के बेचलें। राज कुंद्रा करोड़न रुपया में ई डील कइले रहनें। एहमें कहल गइल रहे कि राज पूनम अउर शर्लिन के संगे एह फिलिम के शूट कइले रहनें।