सेंट्र्रल डेस्क। एनसीपी के दिवंगत नेता अजीत पवार के पत्नी सुनेत्रा पवार सनिवर के महाराष्ट्र के पहिला महिला उपमुख्यमंत्री के रूप में शपथ लिहली। एह बीच एनसीपी (शरद पवार) के महाराष्ट्र अध्यक्ष शशिकांत शिंदे दावा कइले बाड़ें कि पार्टी प्रमुख शरद पवार आ आउर वरिष्ठ नेता लोग के सुनेत्रा पवार के उपमुख्यमंत्री बने के पहिले से कवनो जानकारी ना रहे।
सनिचर के पत्रकारन से बातचीत में शशिकांत शिंदे कहलें कि शरद पवार के शपथ ग्रहण के बारे में पहिले से कुछुओ पता ना रहे। ऊ कहलें कि दुन्नो एनसीपी के एकजुट होखला पs चरचा आ बैठक भइल रहे, बाकिर अजीतदादा अब रहलें ना। कुछ पदन पs मोटा-मोटी चरचा भइल रहे, अब आगे का करे के बा, एह पs पार्टी विचार करी आ ओकरा बाद फैसला लिहल जाई। बाकी लोग कइसे प्रतिक्रिया देत बा, ई ओकर बात बा।
सुनेत्रा पवार के शपथ ग्रहण में जल्दबाजी के सवाल पs शिंदे कहलें कि एह सवाल के जवाब परिवार, पार्टी के वरिष्ठ नेता भा मुख्यमंत्री आ उनकर सहजोगी लोगन के देवे के चाहीं। अजीत पवार के निधन महाराष्ट्र खातिर बहुत बड़ नुकसान हs। जब पूरा राज्य शोक में बा, तब ई फैसला काहे लिहल गइल, एकर जानकारी हमनी के नइखे। एकरा पs सफाई देवे के पड़ी।
पवार परिवार के एकता पs संकट
महाराष्ट्र के पहिला महिला उपमुख्यमंत्री बनल सुनेत्रा पवार अब राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (एनसीपी) के अध्यक्षो रहिहे। एकरा से दिवंगत अजीत पवार के एनसीपी आ शरद पवार के नेतृत्व वाली एनसीपी (एसपी) के विलय के उम्मीद पs ग्रहण लागत नजर आवत बा। संगही पवार परिवार के एकता पs संकट गहिरात जात बा।
दरअसल, विधान भवन में सनिचर के भइल विधायक दल आ वरिष्ठ नेता लोगन के बैठक में दू गो प्रस्ताव पास भइल। पहिला प्रस्ताव में सुनेत्रा पवार के विधायक दल के नेता चुनल गइल आ दूसरा प्रस्ताव में पार्टी के सब फैसला लेवे के अधिकाराे उनका के दे दिहल गइल। ई सियासी उलटफेर पिछिला दू दिन में भइल।
अजीत पवार के विमान हादसा में निधन के बाद शरद पवार गुट के नेता लोग बयान देवे लागल रहे कि अजीत परिवार में एकता चाहत रहस। अजीत के इच्छा रहे कि दुन्नो पार्टी के विलय होखे, बाकिर एह मुद्दा पs अजीत गुट के नेता लोग चुप्पी साध लेलस। एकरा से पवार परिवार में सियासी टकराव के संकेत मिले लागल। शरद पवार आ उनकर बेटी, सांसद सुप्रिया सुले शपथ ग्रहण समारोह में सामिल ना भइल लोग।
Read Also: Budget 2026 : का सस्ता भइल आ का महंगा? वित्त मंत्री के एलान, देखीं पूरा लिस्ट









