Sultanpur: तीन गांव के तीन घरन में 10 लाख रूपिया के चोरी

Share

घर के बहरी सुतल लोग के फायदा उठावत सुल्तानपुर जिला के भदैया कोतवाली गांव के अभियाकला, कुर्मियनवां आ गोपालपुर गांव में तीन घर से चोर चोरी कइले। चोर देवाल से घर में घुस के बक्सा आ अलमारी के ताला तूड़ के करीब 10 लाख रुपया आ गहना चोरा लेले।

सबेरे सूचना मिलते पुलिस के एकरा बारे में जानकारी दिहल गइल।  बुधवार के रात कोतवाली गांव के अभियाकला निवासी सुरेंद्र तिवारी के घर के छत पs चोर दीवार के मदद से छत पs पहुंचले। छत से सीढ़ी से आँगन में आइल चोर कमरा में राखल तीन लाख रुपया चोरा लिहले।

सुरेंद्र के घर से दु सौ मीटर दूर कुर्मियनवां निवासी रामयश यादव के घर में देवाल से चढ़ के छत के राहे चोर कमरा में घुस गइले। दुनु घर से करीब सात लाख रुपिया चोरी हो गइल। गोपालपुर गांव में त्रिलोकी मौर्य के घर पर चोर निशाना बना लिहले। ओह लोग के घर से गहना आ दस हजार रुपिया चोरी हो गइल। देहात कोतवाल सतेन्द्र कुमार सिंह बतवले कि घटना के जांच हो रहल बा। मामला दर्ज कऽ के कार्रवाई कइल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-