बर्खास्त IAS पूजा खेडकर 7 दिन अउर नाहीं होइहें गिरफ्तार, दिल्ली हाई कोर्ट से बड़ राहत

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 26, 2024

  सस्पेंड ट्रेनी आईएएस पूजा खेडकर के दिल्ली हाईकोर्ट से बड़हन राहत मिलल बा. पूजा के गिरफ्तारी 4 अक्टूबर ले टार दिहल गइल बा. अब एक हफ्ता अउरी गिरफ्तार ना होइहें। पिछला गिरफ्तारी से मिलल

Share

 

सस्पेंड ट्रेनी आईएएस पूजा खेडकर के दिल्ली हाईकोर्ट से बड़हन राहत मिलल बा. पूजा के गिरफ्तारी 4 अक्टूबर ले टार दिहल गइल बा. अब एक हफ्ता अउरी गिरफ्तार ना होइहें। पिछला गिरफ्तारी से मिलल राहत आजु खतम हो रहल बा. पूजा 15 दिन के अवधि बढ़ावे के कहले रहली, बाकिर कोर्ट मात्र एक सप्ताह के समय बढ़ा देले बिया। पूजा के मामला पs आज हाईकोर्ट में सुनवाई भईल। असल में पूजा के गिरफ्तारी से दिहल राहत आज खतम हो रहल बा, अब 7 दिन अउरी गिरफ्तार ना होइहें.

पूजा खेडकर के गिरफ्तारी से आंशिक राहत

असल में पूजा खेडकर दस्तावेज जमा करावे खातिर कोर्ट से समय मंगले रहली। कोर्ट उनुकर अपील के आंशिक रूप से स्वीकार क लेलस। कोर्ट पूजा के 7 दिन के गिरफ्तारी से राहत दे देले बा। एही बीच दिल्ली हाईकोर्ट में उनुकर वकील गंभीर आरोप लगवले अवुरी कहले कि पूजा के खिलाफ शिकायत दर्ज भईल बा, एहीसे उनुका पs आरोप लगावल गईल। पूरा मीडिया के ध्यान पूजा खेडकर पs बा. अयीसना में उनुका पs बहुत दबाव बा। कतहीं नइखी गइल आ खाली पुणे में बाड़ी।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.