Manipur Earthquake: मणिपुर में भूकंप के झटका भइल महसूस, रिक्टर स्केल पs 4.0 मापल गइल तीव्रता

Share

मणिपुर में भूकंप के झटके महसूस कइल गइल बा। जवना के तीव्रता रिक्टर स्केल पs 4.0 मापल गइल बा। भूकंप विज्ञान केंद्र एकर जानकारी देलस। भूकंप के झटकन के वजह से कुछ सेकेंड तक धरती हिलत रहल।

d

दिल्ली-NCR समेत एह जगहन पs आइल रहे भूकंप

एकरा पहिले दिल्ली-एनसीआर सहित उत्तर प्रदेश, राजस्थान आ उत्तराखंड के कइयन हिस्सन में भूकंप के तेज झटका महसूस कइल रहे। ओह वक्त भूकंप के तीव्रता रिएक्टर स्केल पs 5.8 मापल गइल रहे।

द‍िल्‍ली में भूकंप के झटकन के संगे यूपी के संभल, मुरादाबाद, अमरोहा आ रामपुर में दुपहरिया करीब 2:30 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे।

दिल्ली के रहे वाला अमित पांडे बतवले रहस कि हम सिविक सेंटर के एगो ब्लॉक के पांचवां मंजिल पs रहनी। हम अपना गोड़ के नीचे एगो गुर्राहट के आवाज महसूस कइलें आ एगो हलुक झटका लागल, कुछ देर में भूकंप के झटका महसूस होखल बंद हो गइल।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-