Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महात्मा फुले समता परिषद् मनवलस शहीद जगदेव प्रसाद के जनम शताब्दी समारोह

361

छपरा/धर्मेंद्र कुमार सिंह: महात्मा फुले समता परिषद् सारण द्वारा भारत के लेनिन अमर शहीद जगदेव प्रसाद के जनम शताब्दी समारोह शिव उत्सव वाटिका, रामनगर, छपरा परिषद् में अध्यक्ष श्री दीपनारायण सिंह के अध्यक्षता में मनावल गइल। कार्यक्रम में सबसे पहिले शहीद जगदेव प्रसाद के तैल चित्र पs माल्यार्पण कs उनका के श्रद्धांजलि अर्पित कइल गइल। श्रद्धांजलि अर्पित कइला के बाद महात्मा फुले समता परिषद् बिहार के अध्यक्ष सह सारण के प्रभारी आ मुख्य अतिथि श्री मदन चौधरी कहलें की बाबू जगदेव प्रसाद गरीब, दलित, शोषित, पीड़ित जनता के भगवान रहस।

ऊ कहलें की गरीबन, दलितन, शोषितन, पीड़ितन खातिर जगदेव बाबू द्वारा कइल गइल काम सदा अविस्मरनीय रही। महात्मा फुले समता परिषद के प्रदेश सचिव डा0 अशोक कुशवाहा कहलें कि जगदेव बाबू के नारा रहे -“दो बातें हैं मोटा- मोटी,सबको इज्जत, सबको रोटी।” ई बतवत के जगदेव बाबू सब जाति वर्ग के गरीबन के हितैशी रहे। ऊ इहो कहलें कि जगदेव बाबू कहले रहस, जवना लड़ाई के हम सुरुआत कर रहल बानी, ऊ 100 साल तक चली। एमें पहिला पीढ़ी मारल जाई, दूसरा पीढ़ी जेल जाई आ तीसरका पीढ़ी राज करी। जगदेव बाबू जइसन कहले रहस ओइसने चरितार्थ हो रहल बा। अब जगदेव बाबू के जनम के 100 बरिस पूरा होखला पs तीसका पीढ़ी के राज करे के एगो मवका मिले वाला बा, एहिसे हमनी सभी के एकजुट होके जदयू संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष पूर्व केन्द्रीय मंत्री बिहार के भविष्य मा0 उपेन्द्र कुशवाहा जी के पक्ष में आवाज बुलंद करे के जरुरत बा।

बैठक का परिषद के बिहार के उपाध्यक्ष युवा नेता राहुल सिंह, जदयू नेता मुखिया ओमप्रकाश कुशवाहा, ध्रुव नारायण सिंह, डा0 सी0 पी0 सिंह, मदन सिंह कुशवाहा, जदयू नेता शिवजी महतो, रमेश प्रसाद, रामजीनीश सिंह,अवधकिशोर सिंह,श्यामसुंदर सिंह, केदार सिंह, रामलागन सिंह, अशोक सिंह, विनय कुमार सिंह, इंद्रासन सिंह, मुखिया सत्येन्द्र सिंह, जदयू नेता हसनैन आलम, विकास सिंह, डा0 गणेश प्रसाद, आनंद कुमार सिंह, प्रियरंजन कुशवाहा, अमित कुमार, नागेंद्र सिंह, श्रीकांत सिंह कुशवाहा, अरुण यादव, मुकेश कुशवाहा, पंकज कुमार, मानदीप कुशवाहा, संदीप कुमार, संजीव कुशवाहा, वंश राज, दिलप्रकाश, राज रौशन राज, उत्तम प्रकाश आदि सामारोह में सामिल हो सम्बोधित कइल लो।

449600cookie-checkमहात्मा फुले समता परिषद् मनवलस शहीद जगदेव प्रसाद के जनम शताब्दी समारोह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.