गोपालगंज : जिला में अश्लीलता, हर्ष फायरिंग आ हालिया आपराधिक घटनन के देखत गोपालगंज पुलिस प्रशासन ऑर्केस्ट्रा कार्यक्रमन पs पूर्ण प्रतिबंध लगा देले बा। एकरा संगही पश्चिम बंगाल, ओडिशा आ आउर राज्यन से आइल महिला डांसरन के 24 घंटा के भीतर जिला छोड़े के सख्त निरदेस दिहल गइल बा।
पुलिस कइलस ऑर्केस्ट्रा संचालकन के संगे बैठक, भरववलें बांड
एसपी अवधेश दीक्षित के आदेस पs सोमार के जिला के सब थानन में ऑर्केस्ट्रा संचालकन आ नर्तकियन के संगे बैठक कइल गइल। एह दौरान पुलिस सब संचालकन से शपथपत्र (बांड) भरववलस आ स्पष्ट कइलस कि जिला में अब कवनो तरे के ऑर्केस्ट्रा शो आयोजित ना कइल जाई।
पुलिस के अनुसार चिन्हित ऑर्केस्ट्रा समूहन के ओर से लगातार समाज में अश्लीलता फइलावे आ हर्ष फायरिंग के बढ़ावा देवे के शिकायत मिलल रहे। एही के मद्देनजर ई सख्त कार्रवाई कइल गइल बा।
दूल्हा के अपहरण के बाद लिहल गइल कड़ा फैसला
एह प्रतिबंध के पीछे दुगो बड़ घटना मुख्य कारण बनल। 23 मई के रात साधु चौक के लगे एगो बियाह समारोह में डांस के दौरान झगड़ा भइल, जवना के बाद ऑर्केस्ट्रा से जुड़ल नवहा दूल्हा के अपहरण कs लिहल लोग। ई घटना सोशल मीडिया आ स्थानीय मीडिया में चरचा के विषय बन गइल।
माही मनीषा ऑर्केस्ट्रा में भइल रहे हमला
एकरा पहिले जिला के मानिकपुर इस्थित माही मनीषा ऑर्केस्ट्रा में विवाद भइल रहे, जहां कलाकार माही मनीषा आ उनका बॉडीगार्ड पs हमला कइल गइल रहे। ई घटना जिला के कानून बेवस्था पs सवाल खड़ा कs देले रहे।
पुलिस के काहे उठावे के पड़ल ई डेग?
पुलिस के माने के बा कि ऑर्केस्ट्रा कार्यक्रमन के आड़ में कइयन बेर अश्लीलता, ह्यूमन ट्रैफिकिंग, हथियारन के प्रदर्शन आ आपत्तिजनक गानन के प्रसार कइल जा रहल बा। एह गतिविधियन से समाज में नकारात्मक प्रभाव पड़त रहे, जवना वजह से ऑर्केस्ट्रा पs बैन लगावल गइल रहे।
Read Also: लखनऊ में दिनदहाड़े युवक के मारल गइल गोली, खाना के लेके भइल रहे विवाद, CCTV फुटेज आइल सामने