लखनऊ में दिनदहाड़े युवक के मारल गइल गोली, खाना के लेके भइल रहे विवाद, CCTV फुटेज आइल सामने

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2025

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े एगो आदमी के गोली मार दिहले। बतावल जाता कि पूरा घटना अतवार के भईल बा। जानकारी के मुताबिक हमलावर घाही के परिजन हवे। दुपहरिया में खाना

Share

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े एगो आदमी के गोली मार दिहले। बतावल जाता कि पूरा घटना अतवार के भईल बा। जानकारी के मुताबिक हमलावर घाही के परिजन हवे। दुपहरिया में खाना के लेके विवाद भईल, जेकरा बाद सांझ के परिजन उनुका के गोली मार देले। घटना के बाद इलाका में हलचल मच गईल। सूचना मिलते पुलिस टीम भी मौका पs पहुंच गईल। फिलहाल घाही के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा, जहां उनुकर इलाज हो रहल बा। शिकायत के आधार पs पुलिस मामला दर्ज कs लेले बिया।

रिश्तेदार हमला कs दिहले

असल में पूरा मामला राजधानी लखनऊ के गाजीपुर थाना क्षेत्र से बा। इहाँ सांझ करीब 5.15 बजे बंधा रोड पs फायरिंग के घटना भईल। गाड़ी से इहाँ आईल कुछ बदमाश दिनदहाड़े युवक के गोली मार देले। घटना के एगो वीडियो भी सामने आईल बा, जवन कि पास में लगावल सीसीटीवी कैमरा में कैद भईल बा। संगही सोझा आईल बा कि अपराधी घाही आदमी के रिश्तेदार हवे। दुपहरिया में खाना के लेके विवाद भईल, जेकरा बाद उs लोग ओ आदमी के गोली मार देले। फिलहाल पुलिस मामला के जांच खातीर चार टीम बनवले बिया। एकरा संगे बदमाश के तलाशी लिहल गइल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.