Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CAT 2023 Admit Card बिना गलती के एह स्टेप्स से डाउनलोड कs सकेंली एडमिट कार्ड

कैट 2023 के एडमिट कार्ड 25 अक्टूबर के जारी होखे वाला रहे, लेकिन एकर तारीख बदल के 7 नवंबर कs दिहल गईल बा। परीक्षा 26 नवम्बर के करावल जाई। परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार के मालूम होखे के चाही। 

1,055
Google Ads 300*250 for posts

 

कैट 2023 एडमिट कार्ड : भारतीय प्रबंधकैटन संस्थान (आईआईएम), लखनऊ में 26 नवंबर 2023 के कंप्यूटर आधारित कॉमन एडमिशन टेस्ट (CAT) तीन सत्र में करावल जाई। जवना खातिर आज यानी 7 नवंबर 2023 के 05:00 PM पs CAT के आधिकारिक वेबसाइट limcat.ac.in पs एडमिट कार्ड जारी कइल जाई। परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार के एडमिट कार्ड डाउनलोड कs के ओकर प्रिंटआउट लेवे के सलाह दिहल जाता।

एडमिट कार्ड डाउनलोड कइला के बाद ओहमें दिहल सगरी जानकारी के जाँच करे के पड़ी। अगर कैट एडमिट कार्ड में कवनो गड़बड़ी भा गलती होखे तs परीक्षार्थी तुरते परीक्षा संचालन प्राधिकरण से संपर्क कs सकेला। परीक्षा से पहिले जल्दी से जल्दी गलती सुधार कराईं। बता दीं, पहिले एडमिट कार्ड 25 अक्टूबर के जारी होखे के रहे, जवना के बाद में 7 नवंबर तक टाल दिहल गईल।

बता दीं, आईआईएम लखनऊ 7 नवंबर 2023 के ऑनलाइन मोड में कैट एडमिट कार्ड डाउनलोड करे के लिंक जारी कइले बा। परीक्षा के दिने उम्मीदवारन के आपन एडमिट कार्ड ले के चले के पड़ी जवना में नाकाम रहला पs परीक्षा में हाजिर ना होखे दिहल जाई।

CAT 2023 एडमिट कार्ड : रउआ एह स्टेप के पालन करके एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकेनी

स्टेप 1- सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट limcat.ac.in पs जाईं।

स्टेप 2- होम पेज पs ‘Registered Candidate login for CAT 2023’ पs क्लिक करीं।

स्टेप 3- आपके स्क्रीन पs एगो नाया पेज आई।

स्टेप 4- आपन कैट लॉगिन क्रेडेंशियल, आईडी अवुरी पासवर्ड दर्ज करीं।

स्टेप 5- एक बार वेरिफाई होखला के बाद स्क्रीन पs सभ डिटेल्स देखाई दिही।

स्टेप 6- अब एडमिट कार्ड डाउनलोड करीं, ओकरा के आपन डिवाइस पs सेव करीं अवुरी भविष्य में संदर्भ खातीर प्रिंटआउट लेवे के मत भूलीं।

परीक्षा के पैटर्न के बारे में जान लीं

कैट परीक्षा में प्रश्नपत्र सुलझावे खातिर 120 मिनट के समय दिहल गईल। प्रश्नपत्र के तीन खंड में बाँटल जाई जवन निम्नलिखित बा।

1- वर्बल एबिलिटी एंड रीडिंग कॉम्प्रिहेंशन (VARC)

2- डेटा इंटरप्रिटेशन एंड लॉजिकल रीजनिंग (DILR)

3- क्वांटिटेटिव एबिलिटी (QA)

 

 

676190cookie-checkCAT 2023 Admit Card बिना गलती के एह स्टेप्स से डाउनलोड कs सकेंली एडमिट कार्ड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.