Stock Market: शेयर बाजार के सकारात्मक शुरुआत

Share

सप्ताह के दूसरका कारोबारी दिन मंगलवार के शेयर बाजार के सकारात्मक शुरुआत भइल। बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज के 30 शेयर वाला सेंसेक्स सूचकांक 209 अंक के उछाल के संगे 57,803 के स्तर पs खुलल। एकरे सथही नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के निफ्टी सूचकांक में भी तेजी आइल अउर इ 63 अंक के बढ़त के साथ 17285 के स्तर पs कारोबार शुरू कइलस।

बाजार में कारोबार शुरू होखले के दौरान 1378 शेयर में बढ़त देखे के मिलल, 517 शेयर गिरावट के साथ खुलल, जबकि 87 शेयर में कौनो बदलाव देखे के नाइ मिलल। गौरतलब बा कि बीतल कारोबारी सत्र सोमवार के बीएसई के सेंसेक्स 231 अंक के उछाल के साथ 57,593 के स्तर पs बंद भइल रहल, जबकि एनएसई के निफ्टी सूचकांक 69 अंक के बढ़त लेत 17,222 के स्तर पs बंद भइल रहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-