Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

1150 रुपया पर जाई एह बड ऑटो कंपनी के शेयर

बेहतरीन तिमाही परिणाम के बाद ई शेयर में मजबूत बढ़ोतरी बा

2,577

मंगल का दिने महिंद्रा एंड महिंद्रा (एम एंड एम) के शेयरन में जबरदस्त बढ़ोतरी भइल बा. कंपनी के शेयर 3.55% के बढ़त के साथ 1,033.30 रुपया पर कारोबार कर रहल बा। दरअसल, कंपनी के शेयर में बढ़ोतरी के पीछे मजबूत तिमाही नतीजा बा। ऑटो निर्माता कंपनी 31 मार्च 2022 के समाप्त भइल अपना चउथा तिमाही में स्टैंडअलोन मुनाफा में पाँच गुना उछाल के रिपोर्ट दिहलसि आ ई ₹1,192 करोड़ रहल. महिंद्रा ग्रुप कंपनी के आमदनी 28% बढ़ के ₹17,124 करोड़ हो गइल। जबकि मार्च तिमाही 2020-21 के मुकाबले इ ₹ 13,356 करोड़ रहे।

पांच दिन में शेयर में 10% के बढ़ोतरी भईल बा

मोतीलाल ओसवाल महिंद्रा एंड महिंद्रा के शेयर प आपन विचार रखले बाड़े अवुरी कहले बाड़े कि, “ट्रैक्टर के दृष्टिकोण में सुधार के संगे हमनी के उम्मेद बा कि अगिला कुछ साल में ऑटो बिजनेस के प्रमुख विकास के चालक होई। ब्रोकरेज हाउस ₹1,150 के लक्ष्य तय कईले बा।” प्राइस एम एंड एम के शेयरन पर आपन खरीद टैग बनवले रखले बा।पिछला पांच ट्रेडिंग सत्र में ऑटो शेयर लगभग 10% बढ़ल बा, जबकि फिलिप्स कैपिटल के एगो विशेषज्ञ एह शेयर के रेटिंग बढ़ा के ₹1,140 कर दिहले बाड़न।

कंपनी के योजना का बा?

ओने, घरेलू ऑटो मेजर सोमवार के कहलस कि, उ अगिला साल के पहिला तिमाही में अपना एक्सयूवी300 एसयूवी के पूरा तरीका से इलेक्ट्रिक संस्करण लॉन्च करे के योजना बनावतिया। कंपनी इहो एलान कईले बिया कि उ ए साल अगस्त में आपन इलेक्ट्रिक वाहन बिजनेस रणनीति, ईवी कॉन्सेप्ट के ‘बॉर्न इलेक्ट्रिक विजन’ शुरू करी। कंपनी 2027 तक 13 एसयूवी लॉन्च करे के योजना बनावतिया, जवना में से 8 इलेक्ट्रिक एसयूवी होई।

263540cookie-check1150 रुपया पर जाई एह बड ऑटो कंपनी के शेयर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.