Sensex : शेयर बाजार में खरीदारी बरकरार; सेंसेक्स 500 अंक उछलल, निफ्टी 22650 के पार पहुंचल

Sensex : सेंसेक्स

Share

चीन के अर्थबेव्स्था से जुड़ल आशावाद के बीच एशियाई बाजारन में बढ़त के कारण मंगर के भारतीय बेंचमार्क सूचकांक में तेजी लउकल। हालांकि, अमेरिका में टैरिफ बढ़ला, बुध के फेडरल रिजर्व के ब्याज दर के फैसला आ जारी भू-राजनीतिक जोखिमन के कारण निवेशकन के बीच सतर्कता के माहौल बा।

हफ्ता के दूसरका कारोबारी दिन सुरुआती कारोबार में बीएसई सेंसेक्स 600 अंक भा 0.81% बढ़के 74,770 पs पहुंच गइल, जबकि निफ्टी 50 184 अंक भा 0.82% बढ़के 22,693 पs कारोबार करत लउकल। सेंसेक्स के शेयरन में आईसीआईसीआई बैंक, एक्सिस बैंक, महिंद्रा एंड महिंद्रा, जोमैटो आ टाटा मोटर्स बढ़त हासिल कइलस।

Read Also: गाजा में इजरायल के एयरस्ट्राइक से 200 लोगन के मौत, हमास बोलल- सीजफायर तुड़के बंधकन के भाग्य से खेलल जा रहल बा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-