सेंट्रल डेस्क। श्रीलंका के पूर्व राष्ट्रपति रानिल विक्रमसिंघे (Ranil Wickremesinghe ) के सुक के सरकारी धन के कथित दुरुपयोग के आरोप में गिरफ्तार कs लिहल गइल। पुलिस बतवलस कि 76 बरिस के विक्रमसिंघे पs सितंबर 2023 में अपना मेहरारू मैत्री के दीक्षांत समारोह में सामिल होखे खातिर इंग्लैंड के यात्रा करे खातिर सरकारी धन के उपयोग करे के आरोप बा। पुलिस पहिले उनका कर्मचारियन से जतरा खर्च के बारे में पूछताछ कइले रहे।
जांच के सिलसिला में बयान दर्ज करावे खातिर बोलावल गइल रहे
पुलिस बतवलस कि श्रीलंका के पूर्व राष्ट्रपति रानिल विक्रमसिंघे के सुक के सरकारी धन के कथित दुरुपयोग के आरोप में गिरफ्तार कइल गइल। 76 बरिस के विक्रमसिंघे के आपराधिक जांच विभाग (सीआईडी) मुख्यालय में गिरफ्तार कइल गइल, जहां उनका के सरकारी धन के कथित दुरुपयोग के जांच के सिलसिला में बयान दर्ज करावे खातिर बोलावल गइल रहे।
इंग्लैंड के यात्रा करे खातिर सरकारी धन के उपयोग करे के आरोप
पूर्व राष्ट्रपति रानिल विक्रमसिंघे (Ranil Wickremesinghe) पs सितंबर 2023 में अपना पत्नी प्रोफेसर मैत्री के दीक्षांत समारोह में सामिल होखे खातिर इंग्लैंड के यात्रा करे खातिर सरकारी धन के उपयोग करे के आरोप बा। आरोप लगावल गइल बा कि विक्रमसिंघे एगो आधिकारिक कार्यक्रम के बाद अमेरिका से लवटत रहस आ अपना पत्नी के निजी कार्यक्रम में सामिल होखे खातिर सरकारी खर्च पs ब्रिटेन गइल रहस।
जुलाई 2022 से सितंबर 2024 तक राष्ट्रपति रहलें Ranil Wickremesinghe
सीआईडी पहिले उनका कर्मचारियन से यात्रा खर्च के बारे में पूछताछ कइले रहे। विक्रमसिंघे 2024 के अंत तक शेष कार्यकाल खातिर गोटबाया राजपक्षे के जगे राष्ट्रपति पद संभरले रहस। उनका के 2022 के आर्थिक संकट से श्रीलंका के उबारे के श्रेय दिहल गइल। उ जुलाई 2022 से सितंबर 2024 तक राष्ट्रपति रहल रहस। ई अनुभवी राजनेता छव बेर श्रीलंका के प्रधानमंत्री के रूप में काम कइले बाड़ें।