SRH vs LSG: हैदराबाद के ‘जय-वीरू’ के धमाल, बल्ला से मचवले तबाही आ रिकॉर्ड्स के लगा देले बौछार

Sonu Kishor

SRH vs LSG: आईपीएल 2024 में पैट कमिंस के कप्तानी वाला सनराइजर्स हैदराबाद कमाल के प्रदर्शन करत घरी जमके महफिल लूट रहल बिया। हैदराबाद के टीम के शानदार प्रदर्शन के पीछे जय-वीरू के जोड़ी के अहम हाथ बा। हैदराबाद के टीम के ओर से अभिषेक शर्मा आ ट्रेविस हेड मौजूदा सीजन में बल्ला से धमाल मचा रहल बाड़े। लखनऊ के खिलाफ खेलल गइल मैच में अभिषेक-ट्रेविस कई गो रिकॉर्ड्स अपना नावें कइले।

हैदराबाद के टीम के ओर से से अभिषेक शर्मा आ ट्रेविस हेड मौजूदा सीजन में बल्ला से धमाल मचा रहल बाड़े । आईपीएल 2024 के 57वां मैच में सनराइजर्स हैदराबाद अपना घर में लखनऊ सुपर जायंट्स के 10 विकेट से हरवलस।

आईपीएल के एह सीजन में सनराइजर्स हैदराबाद पहिलका टीम बनल बिया, जवन बिना कवनो विकेट गंववले मैच जीते के रिकॉर्ड अपना नांवे कइलस। लखनऊ के खिलाफ अभिषेक आ ट्रेविस के बीच शानदार साझेदारीयो बनल आ ई दुनु जाना कई गो रिकॉर्ड्स अपना नांवे कइले।

34 गेंद- ट्रेविसहेड – अभिषेक शर्मा बनाम एलएसजी हैदराबाद 2024

36 गेंद- हरभजन – जे सुचिथ बनाम पीके वानखेड़े 2015

36 गेंद लियन- नारायण बनाम आरसीबी बेंगलुरु 2017

आईपीएल में पावरप्ले के भीतर सर्वाधिक 50+ स्कोर

6 डेविड वार्नर

4 ट्रैविस हेड – सब आईपीएल 2024 में

3 सुनील नारायण

3 क्रिस गेल

आईपीएल में सर्वाधिक सब-20 गेंद में 50 रन

3 जेक फ्रेजर-मैकगर्क

3 ट्रैविस हेड

2 एस नरेन

2 के पोलार्ड

2 ईशान किशन

2 केएल राहुल

2 पूरण

2 जायसवाल

लखनऊ सुपर जायंट्स 165 रन के स्कोर बनवलस

राजीव गांधी इंटरनेशनल स्टेडियम में लखनऊ सुपर जायंट्स के कप्तान केएल राहुल टॉस जीतला के बाद पहिले बैटिंग के फैसला कइले रहले , बाकिर ई फैसला उनका पक्ष में ना रहल। लखनऊ के टीम बैटिंग में बुरा तरह से संघर्ष करत दिखलऽ। टीम  12वां ओवर तक खाली 64 रन बन पावल आ हैदराबाद के टीम के 4 सफलता मिलल रहे। एकरा बाद आयुष बदोनी आ निकोलस पूरन के बीच 99 रन के अटूट साझेदारी बनल आ एह तरे स्कोर 165 रन पहुंच पावे में सफल भइल।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...