आईपीएल के बाद दलीप ट्रॉफी में धमाल मचइहें Rinku Singh, तिलक वर्मा आ साई सुदर्शन एह जोन खातिर खेली लो

Share

Duleep Trophy 2023: कोरोना वायरस के चलते 3 साल के बाद भारतीय घरेलू क्रिकेट में दलीप ट्रॉफी आ देवधर ट्रॉफी के वापसी भइल बा। करीब तीन साल बाद बीसीसीआई फेर से देवधर ट्रॉफी आयोजित करे के घोषणा कइले बा। संगही दलीप ट्रॉफी खातिर तीन जोन्स आपन टीम के घोषणा कs देले बाड़ी सs।

गौर करे वाला बात बा कि दलीप ट्रॉफी टूर्नामेंट के नॉकआउट मुकाबला 28 जून 2023 से सुरू होई आ एकर फाइनल मैच 16 जुलाई के खेलल जाई। एमे 6 जोन्स- नॉर्थ, साउथ, वेस्ट, ईस्ट, सेंट्रल आ नॉर्थ-ईस्ट सामिल होई। पिछला साल के फाइनलिस्ट माने साउथ आ वेस्ट के सेमीफाइनल में डायरेक्ट एंट्री मिलल बा। ओहिजा, बाकी चार टीमन के बीच दु गो क्वॉर्टर फाइनल मैच खेलल जाई।

रिंकू सिंह के सेंट्रल जोन में कइल गइल सामिल

साउथ जोन दलीप ट्रॉफी खातिर आपन टीम के घोषणा कs देले बा। हनुमा विहारी के टीम के कप्तान बनावल गइल बा। ओहिजा, मयंक अग्रवाल के उपकप्तान बनावल गइल बा। ओहिजा, संगही केएस भरत आ तिलक वर्मा के सामिल कइल गइल बा। ओहिजा, सेंट्रल जोन शिवम मावी के कप्तान बनवले बा। नॉर्थ-ईस्ट जोन रोंगसेन जोनाथन के कप्तान बनवले बा।

दलीप ट्रॉफी खातिर घोषित कइल टीम

साउथ जोन स्क्वाड- हनुमा विहारी (कप्तान), मयंक अग्रवाल (उप कप्तान), केएस भरत, वाशिंगटन सुंदर, तिलक वर्मा, साईं सुदर्शन, वैशाख विजय कुमार, रिकी भूवी, आर समार्थ, सचिन बेबी, साई किशोर, वी कावरप्पा, प्रदोश रजंन पॉल, शशिकांत, दर्शन मिश्रा।

सेंट्रल जोन- स्क्वाड- शिवम मावी (कप्तान), विवेक सिंह, हिमांशु मंत्री, कुणाल चंदेला, शुभम शर्मा, अमनदीप खरे, रिंकू सिंह, अक्षय वाडकर, उपेन्द्र यादव (उपकप्तान), ध्रुव जुरेल, सौरभ कुमार, मानव सथार, अवेश खान, यश ठाकुर।

नॉर्थ-ईस्ट जोन स्क्वाड- रोंगसेन जोनाथन (कप्तान), नीलेश लमिचाने (उपकप्तान), किशन लिंगदोह, लैंग्लोन्याम्बा, ए.आर. अहलावत, जोसेफ ललथनखुमा, प्रफुल्लमणि (विकेटकीपर), दीपू संगमा, जोतिन फिरोइजाम, इमलीवती लेम्तुर, पलजोर तमांग, किशन सिन्हा, आकाश कुमार चौधरी, राजकुमार रेक्स सिंह, नागाहो चिशी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-