वेस्टइंडीज दौरा से सुरू होई टीम इंडिया के अगिला चुनौती, WTC final टेस्ट क्रिकेट के लोकप्रियता के प्रमाण- ICC

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 15, 2023

भारत के क्रिकेट टीम जुलाई में वेस्टइंडीज के दौरा के संगे 2023-2025 आईसीसी विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) चक्र के सुरुआत करे जा रहल बा। एह दु साल के दौरान भारत ऑस्ट्रेलिया, इंग्लैंड समेत कइयन गो

Share

भारत के क्रिकेट टीम जुलाई में वेस्टइंडीज के दौरा के संगे 2023-2025 आईसीसी विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) चक्र के सुरुआत करे जा रहल बा। एह दु साल के दौरान भारत ऑस्ट्रेलिया, इंग्लैंड समेत कइयन गो बड़ द्विपक्षीय सीरीज में सामिल होई। अगिला महीना भारतीय टीम वेस्टइंडीज के दौरा पs जा रहल बिया, जहां उ दु गो टेस्ट मैच खेली।

वेस्टइंडीज दौरा-

पहिला मैच डोमिनिका में 12 से 16 जुलाई तक आ दूसरका मैच 20 से 24 जुलाई तक त्रिनिदाद में होई। डब्ल्यूटीसी के पिछला दु टूर्नामेंट में भारत के प्रदर्शन ओकरा के फाइनल तक पहुंचावल, बाकिर फाइनल में भारत के 2021 में न्यूजीलैंड आ 2023 में ऑस्ट्रेलिया हराके ट्रॉफी अपना नामे कइलस। डब्ल्यूटीसी सत्र 2023-25 इंग्लैंड आ ऑस्ट्रेलिया के बीच एशेज सीरीज के संगे सुरू होखे जा रहल बा, जवन सुक के 16 जून के बर्मिंघम में सुरू होई।

एह साल के अंत तक ई सीरीज खेली टीम-

वेस्टइंडीज दौरा के बाद भारत के अगिला डब्ल्यूटीसी सीरीज दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ होई, जवन दिसंबर 2023 आ जनवरी 2024 के बीच होखे वाला बा। एकरा बाद भारत जनवरी-फरवरी 2024 में पांच मैचन के टेस्ट सीरीज खातिर इंग्लैंड के मेजबानी करी। एकरा बाद उ सितंबर-अक्टूबर 2024 में बांग्लादेश के संगे भारत के खिलाड़ी घर पs भिड़ी लो। एकरा तुरंत बाद अक्टूबर-नवंबर 2024 में न्यूजीलैंड के टीम तीन मैचन के टेस्ट सीरीज खातिर भारत के दौरा पs रही।

डब्ल्यूटीसी टेस्ट क्रिकेट के लोकप्रियता के प्रमाण

एकरा बाद भारतीय टीम बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी खातिर नवंबर 2024 आ जनवरी 2025 के बीच ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पांच मैचन के सीरीज खेली, जवना के संगही भारत के 2023-25 डब्ल्यूटीसी के सफर समाप्त हो जाई। ICC के क्रिकेट के महाप्रबंधक वसीम खान कहलें कि पांच दिनन में द ओवल में भारी भीड़ आ फाइनल खातिर दुनियाभर में अविश्वसनीय दर्शकन के संख्या टेस्ट क्रिकेट के लगातार बढ़त लोकप्रियता के प्रमाण बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.