दक्षिण कोरिया के राष्ट्रपति कार्यालय में पुलिस के रेड, ‘मार्शल लॉ’ लेके मचल महासंग्राम

दक्षिण कोरिया के राष्ट्रपति

Share

दक्षिण कोरिया के पुलिस राष्ट्रपति कार्यालय में छापामारी कइले बिया. ई कार्रवाई राष्ट्रपति यून सुक-योल के खिलाफ चल रहल आपराधिक जांच के हिस्सा के रूप में कइल गइल बा। राष्ट्रपति पs मार्शल लॉ लगावे के मामला में विद्रोह के आरोप लगावल गईल बा। अधिकारी लोग के जानकारी के मुताबिक अबे ले राष्ट्रपति सून के गिरफ्तारी नईखे भईल अवुरी ना उनुका से पूछताछ भईल बा।

बता दीं कि विशेष जांच टीम आपराधिक जांच मामला में राष्ट्रपति कार्यालय, राष्ट्रीय पुलिस एजेंसी, सियोल मेट्रोपॉलिटन पुलिस एजेंसी अवुरी राष्ट्रीय सभा सुरक्षा सेवा के खिलाफ कार्रवाई कईले बिया। जानकारी साझा करत जांच टीम कहलस कि इs मामला देश के सुरक्षा अवुरी प्रशासनिक व्यवस्था से जुड़ल बा अवुरी एकर पूरा जांच जारी बा।

दक्षिण कोरिया में का भइल?
राष्ट्रपति यून सुक-योल 3 दिसंबर के देश में ‘आपातकालीन मार्शल लॉ’ लगावे के घोषणा कईले रहले। उs विपक्ष पs संसद पs हावी होखे, उत्तर कोरिया से सहानुभूति राखे अवुरी राष्ट्र विरोधी गतिविधि से सरकार के अस्थिर करे के आरोप लगवले। कुछ घंटा बाद संसद एह घोषणा के बेकार करे खातिर वोट कइलस आ राष्ट्रीय सभा के अध्यक्ष वू वोन शिक घोषणा कइलन कि विधायक “जनता के साथे मिल के लोकतंत्र के रक्षा करीहें.”

इहो पढ़ीं: दिलीप कुमार खातीर जब हिट फिलिम कुल बन गईल सजा, जानीं अभिनेता के काहे कहल जाला ट्रेजेडी किंग?

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-