[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका में रनवे के जगह सड़क पs उतरल प्लेन, हो गइल दु टुकड़ा

अमेरिका के टेक्सास में रनवे के जगह सड़क पs उतरल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका के टेक्सास में रनवे के जगह सड़क पs उतरल।  सड़क पs उतरते विमान के दु टुकड़ा टूट गईल। एह हादसा में चार लोग घवाहिल हो गइल बाड़े. विमान सड़क पs उतरत समय कई गो कारन के भी टक्कर मार दिहलस।  एह हादसा के बाद विमान के मलबा सड़क पs बिखराइल लउकल.  ई घटना बुध के दुपहरिया में दक्षिण टेक्सास के विक्टोरिया शहर के राज्य राजमार्ग पs भइल.  

घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल
विक्टोरिया पुलिस विभाग के उप पुलिस प्रमुख एलाइन मोया कहले कि, “हमनी के खुशी बा कि स्थिति अवुरी खराब ना भईल। इs अयीसन नईखे जवन कि हमनी के रोज देखतानी। हमनी के खुशी बा कि लोग ठीक बाड़े।”  घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। तीन लोग के हालत स्थिर बा, एक आदमी के गंभीर चोट आईल बा।

दुर्घटना के जांच शुरू कइल गईल बा

फॉक्स न्यूज के रिपोर्ट के मुताबिक इs एगो ट्विन-इंजन पाइपर पीए-31 विमान रहे। दुर्घटना के समय विमान में खाली पायलट ही रहे। विक्टोरिया पुलिस विभाग आ संघीय उड्डयन प्रशासन (एफएए) दुर्घटना के जांच शुरू कs दिहले बा।  विमान बुध के सबेरे 9:52 बजे विक्टोरिया क्षेत्रीय हवाई अड्डा से उड़ान भरलस अवुरी दुर्घटना से पहिले करीब पांच घंटा ले हवा में रहे।


[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]