Sonia Gandhi : सोनिया गांधी फेर से गंगाराम अस्पताल में भर्ती, पुरान खांसी के चलते करावल गइल जांच

Sonia Gandhi admitted to Sir Ganga Ram Hospital in Delhi for health check-up

Share

नई दिल्ली। कांग्रेस के वरिष्ठ नेता सोनिया गांधी के एक बेर फेर दिल्ली के सर गंगाराम अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सूत्रन के मोताबिक, उनकर हालत फिलहाल इस्थिर बा आ डॉक्टरन के कड़ा निगरानी में रखल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि ई भर्ती रूटीन जांच खातिर करावल गइल बा।

अस्पताल सूत्रन के अनुसार, सोनिया गांधी के छाती से जुड़ल समस्या के चलते एगो चेस्ट स्पेशलिस्ट के देखरेख में राखल गइल बा। पीटीआई से बातचीत में अस्पताल के सूत्र बतवलस कि सोनिया गांधी के पुरान खांसी के शिकायत बा, जवन लमहर समय से चल रहल बा। दिल्ली में बढ़ल प्रदूषण के कारण ऊ समय-समय पs अस्पताल आके जांच करावत रहेली।

जानकारी के मोताबिक, सोनिया गांधी के सोमवार सांझ अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। डॉक्टरन के कहनाम बा कि चिंता के कवनो खास बात नइखे आ उनकर स्वास्थ्य इस्थिति ठीक बा। बस एहतियातन जरूरी मेडिकल टेस्ट आ नियमित जांच कइल जा रहल बा।

बतावत चलीं कि सोनिया गांधी दिसंबर 2025 में 79 बरिस के हो गइली। बढ़त उमिर आ पुरान स्वास्थ्य समस्या के चलते ऊ लगातार डॉक्टरी सलाह लेत रहेली। कांग्रेस पार्टी से जुड़ल लोगन आ समर्थकन के ओर से उनका जल्दी स्वस्थ होखे के कामना कइल जा रहल बा।

Read Also: Saurabh Dwivedi : ‘द लल्लनटॉप’ आ इंडिया टुडे हिंदी के एडिटर सौरभ द्विवेदी अपना पद से इस्तीफा देलें

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-