सोनभद्र में 11 साल के बच्ची से दुष्कर्म, पुलिस आरोपी के कईलस हाफ एनकाउंटर

Share

यूपी के सोनभद्र में नाबालिग लईकी के संगे दुष्कर्म भईल बा। जब लईकी के संगे केहु ना रहे. आरोपी ओकरा के एगो घर में ले गईल, जहां उs आपन घिनौना काम कईले। एकरा बाद परिवार के लोग पुलिस में शिकायत दर्ज करवले अवुरी पुलिस आरोपी मंजर खान के गिरफ्तार क लेलस। एकरा बाद जब पूछताछ भईल त उ घटना के समय जवन कपड़ा पहिनले रहले, ओकरा बारे में जानकारी देले। जहां पुलिस से मुठभेड़ भईल अवुरी फायरिंग में घाही हो गईले। पुलिस के कहनाम बा कि आरोपी के नाम मंजर खान हs अवुरी गोली उनुका गोड़ में लागल, उनुका के इलाज खातीर सीएचसी म्योरपुर में भर्ती करावल गईल बा।

आरोपी लईकी के लुभा के घरे ले गईल

पुलिस के कहनाम बा कि घटना 23 अप्रैल के भईल रहे अवुरी पीड़िता के दादी पिपरी थाना में शिकायत दर्ज करवली। उs अपना शिकायत में बतवले कि उनुकर 11 साल के पोती पछिला चार महीना से उनुका संगे रहत बिया। काल्ह साँझ उs कहीं नजदीक गईल रहली, जब उs 4 बजे के आसपास वापस अईली अवुरी घर में ना मिलल तs परिवार उनुका के खोजे लागल। तलाशी के दौरान पास के एगो घर से रोवे के आवाज़ सुनाई देलस, फेर जब परिवार के लोग दरवाजा खटखटवले तs आरोपी मंजर खान डेरा गईले।

एकरा बाद उs अर्धनग्न हालत में उहाँ छोड़ के भाग गईल। परिवार के लोग के भीतर लईकी नंगा मिलल। परिवार के लोग से पूछला पs लईकी बतवली कि मंजर ओकरा संगे मुंह दबा के दुष्कर्म कईले बा। एकरा बाद शिकायत के आधार पs पिपरी थाना में बलात्कार, पोक्सो एक्ट अवुरी एससी/एसटी एक्ट के तहत मामला दर्ज भईल अवुरी कार्रवाई होखता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-