बीजापुर के जंगल में नक्सलियन के खिलाफ बड़ ऑपरेशन, मारल गइल 3 नक्सली; एनकाउंटर जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2025

छत्तीसगढ़ तेलंगाना सीमा पs बीजापुर जिला के कर्रेगुट्टा जंगल में सुरक्षा बल से भइल मुठभेड़ में तीन गो नक्सलियन के मउत हो गइल बा. सुरक्षा बल तीन दिन पहिले नक्सल विरोधी सबसे बड़ अभियान में

Share

बीजापुर

छत्तीसगढ़ तेलंगाना सीमा पs बीजापुर जिला के कर्रेगुट्टा जंगल में सुरक्षा बल से भइल मुठभेड़ में तीन गो नक्सलियन के मउत हो गइल बा. सुरक्षा बल तीन दिन पहिले नक्सल विरोधी सबसे बड़ अभियान में से एगो अभियान शुरू कईले रहे। तलाशी अभियान आ मुठभेड़ अबहीं चलत बा. 

इलाका में खोज अभियान जारी बा

नक्सलियन के खिलाफ एह अभियान में कई गो सुरक्षा इकाई शामिल बाड़ी सँ जवना के मकसद सीमावर्ती वन इलाकन में नक्सली लोग के मौजूदगी आ बुनियादी ढांचा के खतम कइल बा. जानकारी के मुताबिक नक्सली के चारो ओर से घेराबंदी कs दिहल गईल बा। 

हालही में तीन गो नक्सली मारल गइल बाड़े

एकरा से पहिले हाल ही में सुरक्षा बल बीजापुर जिला में भईल मुठभेड़ में तीन नक्सली के हत्या कs देले रहे। मुठभेड़ स्थल से भारी मात्रा में हथियार अवुरी विस्फोटक बरामद भईल बा। बीजापुर जिला के इंद्रवती इलाका के जंगल में नक्सली के मौजूदगी के जानकारी के आधार पs जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी), बीजापुर, डीआरजी दंतेवाड़ा, स्पेशल टास्क फोर्स अवुरी कमांडो बटालियन फॉर रिजोल्यूट एक्शन चाहे कोबरा के संयुक्त टीम एs अभियान खातीर गईल।

इहो पढ़ीं; सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.