Surya Grahan 2025 Date: चंद्र ग्रहण के बाद सूर्य ग्रहण, का भारत में लउकी?

Surya Grahan 2025 Date: चंद्र ग्रहण के बाद सूर्य ग्रहण, का भारत में लउकी?

Share

Surya Grahan 2025 Date: 14 मार्च 2025 के साल के पहिला चंद्र ग्रहण लागे जा रहल बा आ एकरा ठीक 15 दिन बाद माने 29 मार्च 2025 के चैत्र अमावस्या के दिन साल के पहिला सूर्य ग्रहण होई। ई ग्रहण मीन राशि आ उत्तर भाद्रपद नक्षत्र में घटित होई। एह दौरान सूर्य, राहु, शुक्र, बुध आ चंद्रमा सब मीन राशि में इस्थित होई। जवना से एह खगोलीय घटना के ज्योतिषीय महत्व आउर बढ़ जाई।

सूर्य ग्रहण 2025 तिथि आ समय

साल 2025 के पहिला सूर्य ग्रहण 29 मार्च के लागी। ई ग्रहण दुपहरिया 2:21 बजे सुरू होके सांझा 6:14 बजे तक रही। ई एगो खंडग्रास सूर्य ग्रहण होई, जवना के अर्थ बा कि सूर्य के एगो भाग चंद्रमा द्वारा आच्छादित होई। ई ग्रहण चैत्र मास के कृष्ण पक्ष के अमावस्या तिथि पs घटित होई।

कहां-कहां लउकी सूर्य ग्रहण 2025?

ई सूर्य ग्रहण कइयन देसन में आंशिक रूप से देखल जा सकी। ई विशेष रूप से यूरोप, उत्तरी अमेरिका आ कुछ अफ्रीकी क्षेत्रों में दिखाई दी।

का भारत में सूर्य ग्रहण लउकी?

ई सूर्य ग्रहण भारत में ना लउकी। चूंकि ई खगोलीय घटना भारतीय समयानुसार घटित ना होई, एहिसे भारत में एह ग्रहण के कवनो धार्मिक भा ज्योतिषीय प्रभाव ना मानल जाई। इहे कारण बा कि भारत में एह ग्रहण खातिर सूतक काल मान्य ना होई।

सूर्य ग्रहण के दौरान का करीं?

एह दौरान भगवान विष्णु आ शिवजी के ध्यान करीं आ मंत्र जाप करीं।
ग्रहण समाप्त होखला के बाद नहा के घर के सुद्धि करीं।
जरूरतमंद लोगन के अन्न, वस्त्र आ आउर जरूरी वस्तुअन के दान करीं।

का ना करीं?

ग्रहण के दौरान भोजन पकाई आ खाये से बचीं।
धार्मिक कामन भा पूजा-पाठ के स्थगित रखीं।
एह समय कवनाे सुभ कार्य करे से परहेज करीं।

Read Also: UP: होली पs योगी सरकार के तोहफा, 1.86 करोड़ परिवारन के मिलल मुफ्त गैस सिलेंडर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-