Gorakhpur News: नृसिंह शोभायात्रा: सीएम योगी होइहें सामिल, रूट पs रही एटीएस के निगरानी- बरिसन पुरान बा परंपरा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 12, 2025

गोरखपुर : होली पs निकले वाली भगवान नृसिंह के शोभायात्रा के लेके मंगर के डीएम कृष्णा करुणेश आ एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर रूट मार्च के निरीक्षण कइलें। रास्ता में लागल सब सीसीटीवी कैमरन के पुलिस

Share

Gorakhpur News: नृसिंह शोभायात्रा: सीएम योगी होइहें सामिल, रूट पs रही एटीएस के निगरानी- बरिसन पुरान बा परंपरा

गोरखपुर : होली पs निकले वाली भगवान नृसिंह के शोभायात्रा के लेके मंगर के डीएम कृष्णा करुणेश आ एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर रूट मार्च के निरीक्षण कइलें। रास्ता में लागल सब सीसीटीवी कैमरन के पुलिस चेकिंग कइलस तs ओहिजा ड्रोनो उड़ावल गइलसयन। सुरक्षा में एक हजार पुलिस कमिर्यन के अलावे पांच कंपनी पीएसी, एटीएस के टीम मोर्चा संभारी।

दरअसल, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ खुद एह शोभायात्रा में सामिल होते बा। एहिसे पुलिस समूचा मार्ग पs निगरानी खातिर ड्रोन कैमरन के बेवस्था कइल गइल बा। हर चौराहा पs पुलिस बल तैनाती के बेवस्था कइल गइल बा। पुलिस प्रशासन शोभायात्रा के पूरा रूट के चार्ट तइयार कs लिहल गइल बा। शोभायात्रा मार्ग पs इस्थित हर मकान में रहे वालन के सत्यापन कइल जा रहल बा, ताकि कवनो संदिग्ध गतिविधि पs पहिलही से नजर रखल जा सकी।

ड्रोन आ सीसीटीवी कैमरा से हर गतिविधि पs नजर रखल जाई। संवेदनशील इलाकन में पुलिस के पैनी नजर बनल रही। कवनो अप्रिय इस्थिति से निपटला खातिर छतन पs पुलिस बल तैनात कइल जाई।

मंगर के डीएम कृष्णा करुणेश, एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर, एसपी सिटी अभिनव त्यागी सुरक्षा बल के संगे शोभायात्रा मार्ग पs गश्त कइल लो आ सुरक्षा बेवस्थन के निरीक्षण कइल लो। ऊ पुलिसकर्मियन के मुस्तैद रहे आ कवनो संदिग्ध गतिविधि पs तुरंत कार्रवाई करे के निरदेस देलें।

मार्च कs के सुरक्षा के अहसास करावल गइल

जिला के सब थाना क्षेत्रन में सीओ, थानेदार पुलिस फोर्स के संगे प्रमुख बाजारन में रूट मार्च कs के सुरक्षा के अहसास करावल लो। एह दौरान लोगन से बातचीत कs के होली आ रमजान के लेके सुझावो लिहल गइल। लोगन से अपील कइल गइल कि ऊ लोग आपसी भाईचारा से त्योहार मनावे लो।

मेयर आ नगर आयुक्त कइलें निरीक्षण

शोभायात्रा मार्ग के मंगर के सबेरे मेयर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव आ नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल निरीक्षण कइलें। नगर आयुक्त अधिकारियन के निरदेस देलें कि शोभायात्रा रूट के पैचवर्क आ सफाई कार्य जल्द पूरा कs दिहल जाई। रास्ता में पड़ल मलबा के तत्काल हटवलें।

Read Also: Bihar: अब स्वास्थ्य विभाग में बंपर भरती, मंत्री मंगल पांडेय बोललें- सरकारी अस्पतालन में 11925 पदन पर होई बहाली

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.