लापता भइले ‘तारक मेहता का उल्टा चश्मा’ के सोढ़ी, तलाश में जुटल पुलिस, पिता कहले- बस उs ठीक होखे…

Share

टीवी के पॉपुलर सिटकॉम ‘तारक मेहता का उल्टा चश्मा’ के पुरान रोशन सिंह सोढ़ी के लेके शॉकिंग खबर सामने आ रहल बा। कहल जा रहल बा कि सोढ़ी उर्फ ​​गुरुचरण सिंह गायब बाड़े। अभिनेता के पिता हरगीत सिंह इंडिया टुडे से बातचीत में एह बात के पुष्टि कइले बाड़न। उनुकर कहनाम बा कि गुरुचरण सिंह 22 अप्रैल से लापता बाड़े।

उ पुलिस में शिकायत दर्ज करवले बाड़े। उs सब कागजात पुलिस के दे देले बाड़े, ताकि उs लोग गुरुचरण के खोज में मदद कs सके। पुलिस जल्दी से जल्दी गुरुचरण के खोजे के भरोसा देले बिया।

हरगीत सिंह कहले- एसएचओ हमरा के फोन कईले रहले अवुरी उss भरोसा देले बाड़े कि उनुका जल्दी गुरुचरण मिल जाई। आशा बा कि गुरुचरण ठीक होहीहें आ खुश होहीहें अब उs कहीं भी बा, भगवान उनुका के आशीर्वाद देस। अगर रिपोर्ट पs विश्वास करे के बा तs गुरुचरण के महतारी बहुत दिन से बेमार बाड़ी। उनुका के अस्पताल में भी भर्ती करावल गईल। परिवार फिलहाल गुरुचरण के लेके चिंतित बा। लेकिन सब लोग सकारात्मक नजरिया से चल रहल बा। कानून अवुरी भगवान पs सभके पूरा भरोसा बा। गुरुचरण सिंह के लापता रिपोर्ट दिल्ली के पालम थाना में दर्ज करावल गइल बा। इ शिकायत 25 अप्रैल के दर्ज भईल बा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-