Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उऽ मूवी जवना के नाम पऽ जम के भइल रहे बवाल, ओकरा बादो इतिहास में दर्ज कइल गइल 8 गो ऑस्कर

189

Irrfan Khan Death Anniversary हिंदी फिल्म इंडस्ट्री लोगन के हर जेनरेशन में कुछ अइसन सुपरस्टार्स देले बा जे अपना काम के जरिये मरियो के अमर हो गइले। अइसने एगो एक्टर रहले इरफान खान जे हर फिल्म में एक्टिंग के कमाल के हुनर दिखवले। इरफान के स्टारडम के तूती सिर्फ भारते में नाहीं विदेशो में बोलत रहे।

Irrfan Khan Death Anniversary: बॉलीवुड में आपन एक्टिंग के कमाल देखा के लोगन के दिल पऽ राज करे वाला दिवंगत अभिनेता इरफान खान (Irrfan Khan) 2020 में एह दुनिया के अलविदा कहले रहले। आज उऽ हमनी के बीच नइखन, बाकिर उनकर फिल्म के जरिये याद कइल जाव। इरफान खान उऽ स्टार रहले, जे नेशनले नाहीं , इंटरनेशनल लेवल तक फेमस रहले।

हॉलीवुड में फेमस रहले इरफान खान

इरफान खान के फिल्म इंडिया में तऽ हिट होते रहे, विदेशो में उनकर फैंस आ कला के तारीफ करे वाला के कमी ना रहे। इरफान बॉलीवुड में ‘पीकू’, ‘द लंचबॉक्स’ जइसन तमाम लीक से हट के फिल्म कइले। उहे, हॉलीवुड में उऽ कुछ चुनिंदा फिल्म कइले, जे हर बार खाली उनकर स्टारडमे बढ़वलस।

ग्लोबल स्टार के ई फिल्म घिरल रहे विवादों से

2009 में इरफान खान के एगो फिल्म रिलीज भइल रहे, जवना के डंका ऑस्करो में बजल रहे। ग्लोबल स्टार के ई मूवी 134 करोड़ में बन के पूरा भइल रहे। फिल्म खाली टाइटल के चलते विवादन में घिरल रहे। बाकिर जब इरफान खान के ई मूवी रिलीज भइल, तऽ अइसन सक्सेसफुल भइल कि विवादन के असर एपर फीका पड़ गइल। ई उऽ फिल्म रहे, जवना में कई गो इंटरनेशनल स्टार नजर आइल , बाकिर उनका लोग के बीचे इरफान के चमक देखे लायक रहे।

ई फिल्म रहे ‘स्लमडॉग मिलेनियर।’ 23 जनवरी, 2009 के रिलीज भइल ई फिल्म पूरा दुनिया में चर्चा के विषय बनल रहे। एआर रहमान के म्यूजिक से सजल एह मूवी के डैनी बॉयल डायरेक्ट कइले रहले। जइसन कि फिल्म के नाम बा, ओकरे के लेके आपत्ति जतावल गइल रहे। आरोप रहे कि फिल्म में झुग्गी-झोपड़ी में रहे वालन के गलत तरीका से देखावल गइल रहे। फिल्म में ‘स्लमडॉग’ शब्द के इस्तेमालो पऽ आपत्ति जतावल गइल।

‘स्लमडॉग’ शब्द पऽ ई रहे विवाद’

कहल जाला कि जब दर्शक ‘स्लमडॉग’ शब्द के नस्लवादी लागे पऽ आपत्ति जरवले रहले। डैनी बॉयल के समझवला के बादो लोगन के नाराजगी दूर ना भइल। जब फिल्म रिलीज भइल, तऽ एकर स्टोरी लाइन अतना कमाल के लागल कि ई दुनियाभर में 3145 करोड़ के कमाई कइलस।

ग्लोबल आ बॉक्स ऑफिस लेवल पऽ ‘स्लमडॉग मिलेनियर’ इरफान खान के फेमस आ तगड़ा कमाई करे वाला फिल्म बा। इरफान फिल्म में पुलिस ऑफिसर के रोल कइले रहले।

फिल्म अपना नांवे कइलस 8 ऑस्कर

‘स्लमडॉग मिलेनियर’ फिल्म 8 ऑस्कर जीत के इतिहास रच देले रहे। एह मूवी के बेस्ट पिक्चर, बेस्ट साउंड क्वॉलिटी, बेस्ट डायरेक्टर, बेस्ट ऑरिजनल म्यूजिक स्कोर, बेस्ट राइटिंग एडॉप्टेड स्क्रीनप्ले, बेस्ट सिनेमाटोग्राफी, बेस्ट फिल्म एडिटिंग और बेस्ट म्यूजिक एडिटिंग कैटेगरी में ऑस्कर मिलल रहे।

806660cookie-checkउऽ मूवी जवना के नाम पऽ जम के भइल रहे बवाल, ओकरा बादो इतिहास में दर्ज कइल गइल 8 गो ऑस्कर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.