Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

व्हाट्सएप पर आइल ई कमाल के फीचर्स, अब फोन बंद होखले पर भी क सकब मैसेज

1,499

इंस्टैंट मैसेजिंग एप व्हाट्सएप (WhatsApp) लगातार अपने यूजर्स के नया-नया सुविधा दे रहल बा। एही कड़ी में व्हाट्सएप बुधवार के एक अउर सुविधा के घोषणा करत अपने नया व्हाट्सएप विंडोज एप (WhatsApp Windows Native App) के लॉन्च कइलस। अब ले केवल व्हाट्सएप वेब के मदद से लैपटॉप में व्हाट्सएप के यूज कइल जा सकत रहे। एह एप की मदद से आप अब लैपटॉप में एप के मदद से व्हाट्सएप के इस्तेमाल कs सकब।

Windows Native App के ऑफिशियल घोषणा करत व्हाट्सएप कहलस कि एह एप में विश्वसनीयता अउर स्पीड दूनों के बढ़ावल जाई। यूजर्स अपने फोन के ऑफलाइन होखले पर भी विंडोज अउर मेक लैपटॉप में व्हाट्सएप नोटिफिकेशन अउर मैसेज के इस्तेमाल कर सकिहें। कंपनी के कहनाम बा कि एह एप के यूजर्स के फोन के QR कोड से स्कैन कsके लॉग-इन कइल जा सकs ला। अब ले व्हाट्सएप के ई Windows Native App मैक खातिर अपने डेवलेपमेंट फेज में बा, एकर बीटा वर्जन के ही उपलब्ध कइल गइल बा। हालांकि एह एप के विंडोज खातिर उपलब्ध करा देहल गइल बा। यूजर्स Windows Native App के माइक्रोसॉफ्ट एप स्टोर से डाउनलोड कर सकतsने।

अइसे होई कनेक्ट

विंडोज चाहे मैक लैपटॉप में व्हाट्सएप के नेटिव ऐप में लॉगिन करे खाती आपके फोन प व्हाट्सएप खोल के आई बटन प टैप क के लिंक कईल डिवाइस के विकल्प प जाए के होई। एकरा बाद इहाँ से विंडोज के व्हाट्सएप नेटिव ऐप के क्यूआर कोड के स्कैन करे के विकल्प बा अउरी फोन से लैपटॉप बनावे के विकल्प बा। एक बेर स्कैन कईला के बाद विंडोज अउरी मैक लैपटॉप प व्हाट्सएप के नोटिफिकेशन अउरी मैसेज के एक्सेस क सकतानी। एकरा बाद आप फोन ऑफलाइन होखला के बावजूद लैपटॉप में व्हाट्सएप के इस्तेमाल क सकेनी।

309530cookie-checkव्हाट्सएप पर आइल ई कमाल के फीचर्स, अब फोन बंद होखले पर भी क सकब मैसेज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.