Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Snake Bite Death Time: करैत के जहर के तोड़ नइखें, डस लेवे ई 5 सांप, तs मिनटन में चल जाला जान जाती है जान

Snake Bite Death Time in India: कॉमन करैत होखे भा इंडियन कोबरा (नाग) भा फेर रसेल वाइपर... दुनिया के कुछ सबसे जहरीला सांप अपना इहां पावल जाल। एक नजर भारत के अइसन सांपन पs जवन  काट लेव तs इंसान के जान बस कुछ मिनटन में चल जाव।

461

सांपन से इंसान के पाला अक्‍सर पड़त रहेला। कबो जंगल-झाड़‍ियन में तs कबो कंक्रीट के घरन में, सांप लउक जाले सs। एक्‍सपर्ट्स कहेला लोग कि ज्‍यादातर सांप जहरीला ना होले सs बाकिर जवन होले सs ऊ बहुते खतरनाक होले सs। भारत में एक से एक जहरीला सांप मौजूद बाड़े जवन डस लेव तs कुछे मिनट में मौत हो जाए। उत्‍तर प्रदेश के शाहजहांपुर में कुछ दिन पहिले एगो पूर्व प्रधान अइसने सांप के शिकार हो गइले। घर में सांप निकलल रहे, उनका लड़िकाई से सांप पकड़े के शौक रहे। आसानी से ओकरा के पकड़ लेले आ खेल लगले। पकड़ ढील भइल तs सांप उनका के डस लेलस। जहर से उनकर मौत हो गइल। हाल में सोशल मीडिया खातिर सांप पकड़े के वीडियो बनावे के ट्रेंड चलल बा। बिना ई जनले कि खतरा केतना बड़ बा, सांपन से दुरिये ठीक बा। करैत, किंग कोबरा, रसेल वाइपर जइसन कइयन गो सांप तs एतना जहरीला बा कि डसतही धड़कन बंद होखे लागल बा।

किंग कोबरा: दु मीटर दूर से फेंकेला जहर

फन उठाकर खड़ा किंग कोबरा के देखके बड़-बड़ लोग दूर से भाग खड़ा होखे। ई दुनिया के सबसे लमहर जहरीला सांप हs। एकर लंबाई साढ़े 5 मीटर तक हो सकेला। ई जमीन से 2 मीटर ऊपर तक फन उठा सकेला। किंग कोबरा से बाकी सांप बचके निकलेले काहेकि ऊ ओकनियो के खा जाला।

किंग कोबरा के गिनती भारते ना, दुनिया के सबसे जहरीला  सांपन में होला। सबसे खतरनाक बात ई बा कि आपन शिकार के मारे खातिर किंग कोबरा के डसला के जरूरत नइखे। ऊ 2 मीटर दूरे से जहर फेंकके शिकार के आन्हर कs सकेला।

आमतौर पs घना जंगलन, ठंडा दलदलन, बांस आ रेनफॉरेस्‍ट्स में पावल जाला। किंग कोबरा के जहर के काट मवजूद बाकिर एकर एके गो दंश इंसान के मौत खातिर काफी बा। किंग कोबरा के कटला के 30 मिनट के भीतर ऐंटी-वेनम ना मिले तs मौत हो जाला।

इंडियन करैत: सबसे जहरीला, एकर काटल पानियो ना मांगे

करैत सांप गांवन आ जंगलब में खूब निकलेला। देश में इंसानन के सबसे जादे ई सांप काटेला। एकर जहर में अइसन न्‍यूरोटॉक्सिन्‍स होला कि देह काम कइल बंद कs देवेला। 45 मिनट के भीतर इंसान के मौत हो जाला। दिक्‍कत ई बा कि उत्‍तर भारतीय करैत के जहर के काट नइखे। 6.5 फीट तक लंबाई रखे वालन करैत सांप 10-17 साल के उमिर तक जिंदा रहेला।

रसेल्‍स वाइपर: भारत का सबसे ‘हत्‍यारा’ सांप

रसेल्‍स वाइपर (Russell’s viper) सांप भारत में हर जगे पावल जाला। कवनो आउर सांप के मुकाबला, इहे सबसे ज्‍यादा भारतीय लोगन के जान लेले बा। ई डसला से पहिले जोर से फुफकार मारेला। एकर बाइट से एगो हीमोटॉक्सिन रिलीज होला जवन सीधे सेंट्रल नर्वस सिस्‍टम के पंगु कs देला। रसेल्‍स वाइपर काटे तs इंटरनल ब्‍लीडिंग होला, तेज दर्द उठेला आ दिमाग में हेमरेज हो जाला। बिना ऐंटी-वेनम 45 मिनट के भीतर मौत हो जाला। रसेल्‍स वाइपर रात में खूब सक्रिय रहेला जवन एकरा के इंसानन खातिर आउर खतरनाक बनावेला।

सॉ-स्‍केल्‍ड वाइपर: छोट बाकिर बेहद जहरीला बा ई सांप

देखे में तs सॉ-स्‍केल्‍ड वाइपर बहुते छोट होला, बाकिर जहरीला बहुते होला। एकर बड़-बड़ आंखे, गर्दन से चौड़ा माथ बाकी सांपन से अलग बनावेला। आमतौर पs रेतीला, चट्टानी आ नरम माटी वाला इलाकन में पावल जाए वाला ई सांप 2.6 फीट से बेसी लमहर ना होला। ई भारत के चार सबस जहरीला सांपन में सबसे छोट होला। दुनिया में सबसे बेसी एही सांप के काटे से लोग मरेला। एकर ऐंटी-वेनम उपलब्‍ध बा एकरा बावजूद मृत्‍यु-दर 20% हs माने हर पांच में से एक शिकार के मौत हो जाला।

इंडियन कोबरा: नाग डस लेव तs दु घण्टा में मौत

भारत में कइयन तरे के कोबरा पावल जाला बाकिर सबसे आम नाग बा। सर्पदंश के अधिकतर ममिला एकरे आवेला। एकर फन एकरा के आकर्षक बनावेला। ई 7 फीट तक लमहर हो सकत बा आ समूचा भारत में पावल जाला। नाग के कटला से दु घंटन के भीतर इंसान के मौत हो सकेला। नाग के जहर देह के सुन्‍न कs देवेला। रेस्पिरेटरी सिस्‍टम फेल हो सकत बा, कार्डियक अरेस्‍ट हो सकत बा।

साभार: नवभारत टाइम्स

311540cookie-checkSnake Bite Death Time: करैत के जहर के तोड़ नइखें, डस लेवे ई 5 सांप, तs मिनटन में चल जाला जान जाती है जान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.