ताजमहल के लग्गे मंगर के साँझ के फ्रांस के तीन स्काई डाइवर्स पांच हजार फीट के ऊंचाई से छलांग लगवलें। एह रोमांचकारी करतब देख लोग दंग रह गइलें। हवाई जहाज के कूदने के बाद तीनों स्काई डाइवर्स करीब डेढ़ मिनट तक हवा में रहलें। एह दौरान लोग के धड़कन तेज हो गइल। पैराशूट के माध्यम से स्काई डाइवर्स जमीन पर उतरलें।
दरअसल, ताजमहल से करीब दो किलोमीटर के दूरी पर ग्यारह सीढ़ी पर एक एनर्जी ड्रिंक कंपनी के ओर से रोमांच से भरल उड़ान के आयोजन कइल गइल रहे। जेमें फ्रांस के फ्रेडरिक फुगेन अपने दू साथियन के संगे ताज से करीब पांच हजार फीट के ऊंचाई पर हवा में तिरंगा फारमेशन बनवलें। साँझ साढ़े पांच बजे तीनों स्काई डाइवर्स जंप कइलें।

तीनों स्काई डाइवर्स आसमान में हैरतअंगेज करतब करत जमीन पर उतरलें। एकरे बाद तीनों महताब बाग में फोटो शूट करवलें। फ्रेडरिक बतवलें कि ताज के एतना करीब एसे पहिले एह तरह के प्रयास केहू नाइ कइल। ई उनके ख़ातिर बेहतरीन अनुभव रहल।

फ्रेडरिक फुगेन बुर्ज खलीफा अउर गीजा के पिरामिड के लगे भी स्काई डाइविंग कर चुकल बानें। ऊ बतवलें कि उनके दूनों साथियन विसेंट कोटे अउर ऑरेलियन चाटर्ड के ई भारत में पहिला अनुभव रहल। जौन कि शानदार रहल।
Post Views: 6