Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में बाढ़ से लगातार बिगड़ रहल बा हालात: तेजी से बढ़ रहल बा राप्ती के जलस्तर, लोग सुरू कइलस पलायन

112
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर में बाढ़ से हालत लगातार बिगड़त जा रहल बा। शहर से लेके देहात तक कइयन इलाका पानी में डूब चुकल बा। लगातार बढ़ रहल नदी के जलस्तर के खौफ से लोग  पलायन कइल सुरू कs देले बा। पूरा गांव या तs बंधन पs शरण ले रहल भा फेर पक्का मकान वाला अपना छतन पs पनाह ले रहल बा। जिला के सब नदी अभी उफान पs बाड़ी सs।

लगातार हो रहल बरखा आ नेपाल से छोड़ल गइल पानी के वजह से राप्ती खतरा के निशान के एकदम करीब पहुंच चुकल बिया। आपदा प्रबंधन विभाग के मोताबिक बिहान माने मंगर के सांझ के चार बजे राप्ती नदी के जलस्तर 74.84 मीटर रिकॉर्ड कइल गइल। हर घंटा राप्ती नदी के जलस्तर तीन से चार इंच बढ़ रहल बा। एसे लोगन में दहशत के माहौल बनल बा। जदि जलस्तर थमल ना तs जल्दिये गोरखपुर जिला में बाढ़ से बड़ तबाही मचला के संभावना से इंकार नइखे कइल जा सकत बा।

डिस्चार्ज के जगह अब बैक आ रहल बा पानी

शहर के अधिकांश इलाका अभियो पूरा तरे जलमग्न बा। दरअसल, शहर के पानी तीन जगहन पs डिस्चार्ज होला। एमे रामगढ़ताल, राप्ती नदी आ गोड़दईया नाला सामिल बा। बाकिर एह समय ई तीनों बाढ़ के कहर पs पूरा तरे उफनाइल बा। अइसन में तीनो जगह पs शहर के पानी डिस्चार्ज होखल तs दूर बल्कि अब पानी बैक मार रहल बा। अइसन बिना बरखा आ बाढ़ के शहर के 200 से जादे मोहल्लन में पानी जमा होत जा रहल बा।

अभियो अइसने रही मौसम, बुध के होई बरखा

ओहिजा, मौसम वैज्ञानिक डॉ. कैलाश पांडेय के कहनाम बा कि फिलहाल गोरखपुर आ आसपास के जिलन में मौसम अइसने रही। बुध के गोरखपुर सहित कइयन इलाकन में गरज के संगे भारी बरखा हो सकती बा। जबकि एह दौरान कइयन जगहन पs बिजली गिरला के संभावना बा। अइसन में एकरा से अलर्ट रहला के जरूरत बा।

890400cookie-checkगोरखपुर में बाढ़ से लगातार बिगड़ रहल बा हालात: तेजी से बढ़ रहल बा राप्ती के जलस्तर, लोग सुरू कइलस पलायन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.