दुनिया के सबसे महान टेनिस खिलाड़ियन में से एक रोजर फेडरर शुक्क के अपने करियर के आखिरी मैच खेललें। लेवर कप के एह मैच में उ राफेल नडाल के संगे जोड़ी बनवले रहने। हालांकि, दूनों दिग्गज मिल के भी ई मैच नाइ जीत पवलें। अमेरिका के फ्रांसेस टियाफो अउर जैक सॉक एह जोड़ी के 4-6, 7-6 (2), 11-9 के अंतर से हरवलें। एकरे साथ ही फेडरर भीजल आंख के संगे टेनिस के अलविदा कहलें। एह दौरान नोवाक जोकोविच अउरी राफेल नडाल भी आपन आंसू नाइ रोक पवलें।

रोजर फेडरर के उनके आखिरी मैच के बाद नोवाक जोकोविच सहित कई खिलाड़ी उनके कान्हे पर उठाके घुमवलें। फेडरर टेनिस के कई बड़ खिलाड़ियन खातिर प्रेरणा रहल बानें।

रोजर फेडरर मैच के बाद दर्शकन के अभिवादन स्वीकार कइलें। हालांकि, आखिरी मैच में हार दर्द उनके आंख में झलकत रहे। फेडरर के विरोधी खिलाड़ी भी एह मैच में बेहद भावुक रहलें अउरी उनके संन्यास से दुखी रहलें।
Post Views: 2