Sitamarhi News : सीतामढ़ी के बाजितपुर में जुवक के मारल गइल गोली, अपाचे सवार बदमाश कइलें हमला

Sitamarhi Crime: Youth Shot by Apache Bike Attackers in Bajitpur

Share

सीतामढ़ी। जिला के डुमरा थाना क्षेत्र के बाजितपुर गांव में अतवार के दिनदहाड़े एगो जुवक के गोली मार के घायल कs दिहल गइल। घटना के बाद इलाका में दहशत के माहौल बन गइल।

अपाचे सवार बदमास कइलें सs हमला

घायल जुवक के पहचान नगर थाना क्षेत्र के भैरोकोठी निवासी मुकेश झा के 22 साल के बेटा सुंदरम कुमार झा के रूप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि ऊ पुनौरा से अपना घरे लवटत रहलें। एही दौरान पहिले से घात लगा के बइठल अपाचे बाइक पs सवार दूगो अज्ञात बदमाश उनका पs फायरिंग सुरू कs देलें सs।

गोड़ में लागल गोली

फायरिंग के दौरान एगो गोली सुंदरम के पैर में लागल, जवना से ऊ घायल होके सड़क पs गिर पड़लें। आसपास के लोग तुरंत मदद कइलस आ ओकरा शहर के एगो निजी क्लिनिक में भरती करावल गइल, जहां इलाज चल रहल बा। फिलहाल उनकर हालत इस्थिर बतावल जा रहल बा।

मंदिर जाये के बात कह के निकलल रहलें

परिजनन के मोताबिक, सुंदरम घर से पुनौरा मंदिर जाये के कह के निकलल रहलें। रास्ता में ई घटना हो गइल। घटना के कारण अभी तक साफ नइखे भइल।

पुलिस जांच में जुटल

घटना के सूचना मिलतही डुमरा थाना के पुलिस मवका पs पहुंच के जांच सुरू कs देले बा। पुलिस आसपास के लोग से पूछताछ करत बिया आ हमलावरन के पहचान करे में जुटल बिया। जल्दिये आरोपियन के गिरफ्तारी के उम्मीद जतावल जा रहल बा।

Read Also: Uttrakhand Earthquake : उत्तराखंड के बागेश्वर में भूकंप के झटका महसूस भइल, 3.7 तीव्रता से डोलल धरती, प्रशासन सतर्क

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-