नेशनल डेस्क: सिंगापुर में चुनाव के बाद मतन के गणना से मिलल संकेत के बाद सिंगापुर के चुनाव विभाग बतवलस कि पीपुल्स एक्शन पार्टी (पीएपी) एक बेर फेर बड़ जीत हासिल कs लेले बिया। समाचार एजेंसी ‘एपी’ के रिपोर्ट के अनुसार, मतगणना के सुरुआती आंकड़ा प्रधानमंत्री लॉरेंस वोंग के जीत के तरफ इशारा कs रहल बा। एकरा पहिले सिंगापुर आम चुनाव 2025 खातिर मतदान अतवार के समाप्त हो गइल। ई चुनाव प्रधानमंत्री लॉरेंस वोंग खातिर पहिला बड़ परीक्षण मानल जा रहल बा, काहेकि ऊ पिछले साल देस के प्रधानमंत्री बनल बाड़ें।
प्रधानमंत्री वोंग के पीपल्स एक्शन पार्टी (पीएपी) पिछला 66 बरिसन से सत्ता में बिया आ मानल जा रहल बा कि ऊ एक बेर फेर आसान जीत हासिल कs लिहें । हालांकि, एकरो पs नजर रखल जा रहल बस कि का विपक्ष सरकार के सख्त नीतियन आ महंगाई के लेके लोगन के नाराजगी के बीच कुछ आउर सीट जीत सकत बा।
देसभर में वोटिंग खातिर 1,200 से जादे मतदान केंद्र बनावल गइल रहे। ई मतदान केंद्र स्कूल, हाउसिल ब्लॉक आ आउर जगहन पs बनावल गइल रहे। जानकारी के मोताबिक, देस में मतदान करीब 12 घंटे तक चलल। अबकी बेर करीब 27.6 लाख लोग मतदान करे के पात्र रहे। पीएपी 97 में से पांच सीटन पs पहिलही जीत हासिल कs लेले बिया। काहेकि एह सीटन पs विपक्ष के कवनो उम्मीदवार ना रहे।
कवन-कवन दल बा मैदान में?
अब बात जदि एह चुनाव में हिस्सा लेवे वाला दलन के करीं तs एह चुनाव में पीएपी सब 32 सीटन पs उम्मीदवार, विपक्ष के बड़ पार्टी (डब्ल्यूपी) 26 सीटन पs, प्रोग्रेस सिंगापुर पार्टी (पीएसपी) 13 सीटन पs चुनाव लड़ रहल बा। आउर पार्टियन में एसपीपी, एसडीपी, पीपीपी, पीएआर, आरडीयू, एनएसपी, एसयूपी आ एसडीए चुनाव लड़ रहल बिया।
सिंगापुर में जहां सनीचर के मतदान सुरू भइल। ओहिजा दूसरका ओर, बिदेसन में सुक से मतदान सुरू हो गइल रहे। दुबई, लंदन, वॉशिंगटन, न्यूयॉर्क आ सैन फ्रांसिस्को में 18,000 से जादे सिंगापुरवासी 2 मई से वोट डालत रहे लो। एह चुनाव के नतीजा सनीचर के देर रात तक आवे के संभावना बा। अब अइसने देस आ दुनिया के नजर एह चुनाव पs बा, काहेकि कइयन बड़ कंपनी सिंगापुर के एशिया में कारोबार खातिर इस्तेमाल करेली सs।
Read Also: तरबूज-खरबूज ना! गर्मी में खा लीं ई छोट-लाल फल, मिली एतना फायदा कि हर कोई पूछी सेहत के राज