Pakistan: भारत में इमरान खान, बिलावल भुट्टो के ‘एक्स’ अकाउंट ब्लॉक; पहलगाम हमला के बाद बढ़त तनाव के बीच फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: May 4, 2025

सेंट्रल डेस्क: पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान आ पूर्व बिदेस मंत्री बिलावल भुट्टो के ‘एक्स’ अकाउंट के भारत में ब्लॉक कs दिहल गइल बा। संगही भारत आ पाकिस्तान के बीच बढ़त तनाव के बीच

Share

सेंट्रल डेस्क: पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान आ पूर्व बिदेस मंत्री बिलावल भुट्टो के ‘एक्स’ अकाउंट के भारत में ब्लॉक कs दिहल गइल बा। संगही भारत आ पाकिस्तान के बीच बढ़त तनाव के बीच पाकिस्तान के सूचना आ प्रसारण मंत्री अताउल्लाह तरार के ‘एक्स’ अकाउंट पs प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा। एकरा एक दिन पहिलही ऊ दावा कइले रहस कि इस्लामाबाद के लगे विश्वसनीय खुफिया जानकारी बा, जवना से पता चलत बा कि 22 अप्रिल के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के बाद नई दिल्ली 24 से 36 घंटे के भीतर पड़ोसी देस पs सैन्य हमला कs सकत बा।

इमरान खान आ बिलावल भुट्टो के ‘एक्स’ अकाउंट पs एगो संदेश लिखल सामने आ रहल बा। एमे लिखल बा कि कानूनी मांग के जवाब में एकरा के भारत में रोक दिहल गइल बा। पाकिस्तानी राजनेता लोगन के एक्स अकाउंट के प्रोफाइल पिक्चर आ कवर इमेज ब्लैंक (खाली) दिख रहल बा।

22 अप्रिल के पहलगाम आतंकी हमला के मद्देनजर कार्रवाई

ई कार्रवाई 22 अप्रिल के पहलगाम आतंकी हमला के मद्देनजर कइल गइल। हमला में प्रतिबंधित पाकिस्तानी आतंकी समूह लश्कर-ए-तैयबा (एलईटी) के शाखा ‘द रेजिस्टेंस फोर्स’ (टीआरएफ) के आतंकवादी निर्दोष नागरिकन पs गोलीबारी कइलें सs आ 26 के निर्मम हत्या कs देलें सs। एकरा बाद कइयन गो पाकिस्तानी राजनेता के ‘एक्स’ अकाउंट प्रतिबंधित कइल गइल। एकरा अलावे भारत हनिया आमिर आ माहिरा खान सहित कइयन गो पाकिस्तानी अभिनेता के इंस्टाग्राम अकाउंटो ब्लॉक कs देलस।

शहबाज शरीफ के आधिकारिक यूट्यूब चैनल ब्लॉक

एकरा पहिले केंद्र सरकार सुक के पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ के आधिकारिक यूट्यूब चैनल के भारत में ब्लॉक कs देले रहे। चैनल पs अब ई संदेश दिख रहल बा- ई सामग्री राष्ट्रीय सुरक्षा भा सार्वजनिक बेवस्था से जुड़ल सरकारी आदेस के कारण एह देस में उपलब्ध नइखे।’ एकरा पहिले पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ आ सेना के मीडिया शाखा आईएसपीआर के खाता ब्लॉक कइल जा चुकल बा। सरकार खाली राजनेता के खिलाफ, बलुक पाकिस्तानी खिलाड़ियन, सोशल मीडिया इन्फ्लुएंसर्स आ न्यूज चैनलन के खातन पs कार्रवाई बिया।

Read Also: RCB vs CSK: आरसीबी शीर्ष पs पहुंच, चेन्नई के नउवा हार; जैकब-कोहली के बाद रोमारियो आ एनगिडी चमकल लो

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.