बैडमिंटन: सिंधु के स्विस ओपन में जलवा, बनली विजेता

Share

भारत के शीर्ष महिला बैडमिंटन खिलाड़ी पीवी सिंधु स्विस ओपन टेनिस टूर्नामेंट के फाइनल में थाईलैंड के बुसानन के हारा के खिताब जीत लेली। ई सिंधु के मवजूदा सत्र के दुसरका महिला एकल खिताब हs। जनवरी में सिंधु सैयद मोदी टूर्नामेंट जितले रही।

टूर्नामेंट में लगातार दुसरका फाइनल खेलत रही सिंधु

टूर्नामेंट में लगातार दुसरका फाइनल खेल रहल दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता सिंधु अतवार के चउथा वरीयता खिलाड़ी के 21-16, 21-8 से हरवली। बुसानन के खिलाफ 17 मैच में ई उनकर 16 वां जीत हs। ऊ उनका से खाली एक बेर 2019 के हांगकांग ओपन में हारल बाड़ी। सिंधु पिछिला साल के फाइनल में रियो ओलंपिक के विजेता स्पेन के कैरोलिना मारिन से हार गइल रही। हैदराबाद के 26 साल के खिलाड़ी 2019 में विश्व चैम्पियनशिप के स्वर्ण पदक जीतले रही।

दबंग अंदाज में सिंधु के एकतरफा जीत

सिंधु अक्रामक सुरुआत कइली आ 3-0 के बढ़त बना लेली, बाकिर बुसानन वापसी कs के स्कोर 7-7 कs लेली। ब्रेक के बेरा सिंधु का लगे 2 अंक के बढ़त रहे। ऊ एह गेम के आसानी से जीत लेली। दूसरका गेम में सिंधु के 5-0 के बढ़त ले लेली आ फेर बिना कवनो खास टक्कर के मैच जीत लेली।

प्रधानमंत्री मोदी के बधाई

स्विस ओपन जीतला पs प्रधानमंत्री मोदी जी के ट्विटर पs सिंधु खातिर बधाई सनेस आइल।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-