Silver Price Hike : चांदी में फेर आइल तेजी, दाम ₹2.60 लाख के पार, सोना में उछाल

Share

नई दिल्ली। बुध के दिन चांदी के दाम में 6,000 रुपिया से जादे के तेजी देखे के मिलल बा। एकरा संगही सोनाे में बढ़त आइल बा, हालांकि ई तेजी चांदी जेतना नइखे। बता दींं कि एक दिन पहिले सोना आ चांदी दुनो के दाम में गिरावट देखल गइल रहे। आईं, पहिले जानल जावs कि देस में आज सोना आ चांदी के ताजा भाव का चल रहल बा।

Gold Price Today: सोना के दाम केतना बा?

सबेरे करीब 10 बजे सोना में 631 रुपिया प्रति 10 ग्राम के तेजी देखे के मिलल बा। एह समय 10 ग्राम सोना के दाम 1,60,600 रुपिया चल रहल बा। आज सोना 1,60,332 रुपिया प्रति 10 ग्राम के लो रिकॉर्ड आ 1,61,072 रुपिया प्रति 10 ग्राम के हाई रिकॉर्ड बना चुकल बा।

Silver Price Today: चांदी के कीमत केतना बा?

सबरे 10 बजे के आसपास 1 किलो चांदी के दाम 2,66,801 रुपिया चल रहल बा। एमे 6,057 रुपिया प्रति किलो के जोरदार तेजी आइल बा। चांदी अब तक 2,64,300 रुपिया प्रति किलो के लो रिकॉर्ड आ 2,67,990 रुपइया प्रति किलो के हाई रिकॉर्ड बना चुकल बा।

राउर शहर में का भाव बा?

शहर | सोना के भाव (10 ग्राम) | चांदी के कीमत (1 किलो)
पटना | ₹1,60,700 | ₹2,67,920
जयपुर | ₹1,60,760 | ₹2,68,020
कानपुर | ₹1,60,830 | ₹2,68,130
लखनऊ | ₹1,60,830 | ₹2,68,130
भोपाल | ₹1,61,030 | ₹2,68,650
इंदौर | ₹1,61,030 | ₹2,68,650
चंडीगढ़ | ₹1,60,860 | ₹2,68,370
रायपुर | ₹1,60,790 | ₹2,68,260

पटना में 10 ग्राम सोना के दाम सबसे कम बा, इहां 10 ग्राम सोना 1,60,700 रुपिया में मिल रहल बा। ओहिजा चंडीगढ़ में सोना सस्ता दर पs बिक रहल बा, जहां 10 ग्राम सोना 1,60,860 रुपिया के बा।

अगर चांदी के बात कइल जावs तs पटना में चांदी सबसे सस्ता बा, इहां 1 किलो चांदी के दाम 2,67,920 रुपिया चल रहल बा। जबकि भोपाल आ इंदौर में चांदी के दाम सबसे जादे बा, जहां 1 किलो चांदी 2,68,650 रुपिया में बिक रहल बा।

Read Also: Sabarimala Temple : सबरीमाला मंदिर में महिला प्रवेश पs सुप्रीम कोर्ट फेर से करी विचार, चुनाव से पहिले दुविधा में केरल सरकार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-