Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एसआई भर्ती में फर्जीवाड़ा, 11 लोग पर केस, तीन लोग गिरफ्तार, एसपी दर्ज करवलें मुकदमा

472
Google Ads 300*250 for posts

एसआई भर्ती परीक्षा 20-21 में बड़ फर्जीवाड़ा ओझे आइल बा। ई फर्जीवाड़ा गोरखपुर के न्यू सर्वोदय आन लाइन सेंटर पर कइल गइल बा। पुलिस एह मामिला में ‘उप्र पुलिस भर्ती एवं प्रोन्नति बोर्ड’ के एसपी के तहरीर पर 11 के खिलाफ जासलाजी, कूटरचित दस्तावेज तैयार कइल, साजिश रचल अउर आईटी एक्ट के केस दर्ज कइलस। पुलिस मुकदमा दर्ज कइले के सथही तीन आरोपियन के गिरफ्तार कइले बा। दूसर आरोपियन के तलाश में दबिश दिहल जा रहल बा।

डीसीपी मध्य अपर्णा रजत कौशिक के मुताबिक ‘उप्र पुलिस भर्ती एवं प्रोन्नति बोर्ड’ के एसपी हफीजुर रहमान तहरीर दिहलें। जेमें एसआई भर्ती 2020-21 में फर्जी तरीका से नौकरी दियावे वाले गिरोह के बारे में जानकारी रहल। तहरीर के मुताबिक एह मामिला में 11 लोग के नाम सोझे आइल बा।

ई सभे मिल के भर्ती बोर्ड के परीक्षा में गलत तरीका से अभ्यर्थियन के पास करावे खातिर मोट रकम हासिल कइल अउर प्रमाण पत्र लगावल लोग। एसपी हफीजुर रहमान के तहरीर पर पुलिस जौनपुर के कान्हापुर सोनहिता के रितेश, प्रतापगढ़ आसपुर देवसरा के अतुल यादव, किला चौराहा आशियाना का अजय चौहान, बांगरकला करौंदी सुल्तानपुर का वीके सिंह उर्फ बृजीत सिंह, बलिया बैरिया के शशि, फरीदाबाद हरियाणा के बृजपाल यादव , गोरखपुर गुलहरिया शिवपुर सहबाजगंज के अनुभव सिंह, न्यू सर्वोदय आन लाइन सेंटर गोरखपुर के एपीओसी आनंद कुमार सिंह, न्यू सर्वोदय आन लाइन सेंटर गोरखपुर सीपी सूरज कुमार मिश्रा, संस्था के आनंद मिश्रा अउर आईटी सुपरवाइजर जगदीश्वर पांडेय के खिलाफ पुलिस केस दर्ज कs लिहले बा।

डीसीपी मध्य के मुताबिक एह मामिला में पुलिस आरोपी जौनपुर के रितेश कुमार, मूलरूप से बलिया मनियर सूर्यपुरा के अजय चौहान (आशियाना के किला चौराहा पs रहेने) अउर बृजीत सिंह उर्फ वीके सिंह के गिरफ्तार कs लिहले बा। इनके लगसे पुलिस टीम 104 अभ्यर्थियन के हाई स्कूल अउर इंटरमीडिया के अंक पत्र अउर प्रमाण पत्र, कूटरचित चरित्र प्रमाण पत्र, 104 ब्लैंक चेक, पांच मोबाइल, 7100 नकदी, कूट रचित दस्तावेज अउर मुहर बरामद कइलें।

411850cookie-checkएसआई भर्ती में फर्जीवाड़ा, 11 लोग पर केस, तीन लोग गिरफ्तार, एसपी दर्ज करवलें मुकदमा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.