[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान: उदयपुर में बेचल जा रहल बा ‘मेड इन पाकिस्तान’ टॉफी, पैकिट पर लिखल मिलल बीफ जिलेटिन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के उदयपुर जिला में पाकिस्तान में बनल टॉफी बिकइले के मामिला सोझे आइल बा। एह टॉफी के पैकिट पs बीफ जिलेटिन लिखल बा। बुध के फूड इंस्पेक्टर के टीम एह टॉफियन के जब्त कs के जांच खातिर भेज दिहल गइल बा।

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार बुध के लोग उदयपुर के बाजार में ‘मेड इन पाकिस्तान’ लिखल टॉफी बिकइले के शिकायत कइल। एकरे बाद फूड इंस्पेक्टर के टीम देहली गेट चौराहा पर मौजूद चॉकलेट एंड बर्थडे डेकोरेशन आइटम्स के दुकान पर पहुंचल। इहां जांच कइले पर एह टॉफी के तीन पैकिट मिलल।

उहवाँ मौजूद लोग पाकिस्तानी टॉफी बिकइले अउर ओमें बीफ जिलेटिन होखले पs विरोध जतावल। सथही इनके बिक्री पस रोक लगावे के मांग कइलें। दुकानदार के कहनाम बा कि ई टॉफी मुंबई से मंगावल जाला। बतावल जा रहल बा कि एही दुकान से एह टॉफी के अन्य दुकानो पर सप्लाई कइल गइल बा।

एह टॉफी के नाम ‘चिली-मिली’ बा। एकरे पैकिट पर ‘मेड इन पाकिस्तान’ लिखल बा। एड्रेस के रूप में मैन्युफैक्चर्ड बाईई इस्माइल इंडस्ट्री लिमिटेड C-230, एचआईटीई हब, बलूचिस्तान, पाकिस्तान लिखल बा। एकरे अलावा उर्दू भाषा में काफी जानकारी दिहल गइल बा पैकिट के ऊपर लागल लाल निशान से साफ बा कि ई टॉफी नॉनवेज बा।

ओंने, फूड इंस्पेक्टर टॉफी जब्त कs के जांच खातिर लेब भेज दिहल गइल बा। उनकर कहनाम बा कि जांच के बाद मामिला में कार्रवाई कइल जाई। उहवें, सीएमएचओ डॉ. आरएल बामनिया के कहनाम बा कि टॉफी के पैकिट पर बीफ जिलेटिन लिखल बा। एकर मतलब गाय के चर्बी चाहे मांस से बा। एह मामिला के गंभीरता से लिहल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]