[the_ad_group id="30365"]

प्राइमरी स्कूल के मास्टर 5वीं क्लास के छात्रा के स्कूल के पहिला मंजिल से फेंकलें, लइकी के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के मॉडल बस्ती स्थित प्राइमरी स्कूल से एगो टीचर एगो छात्रा के स्कूल के पहिला मंजिल से फेंक दिहलें। छात्रा के गंभीर हालात में अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मिलल जानकारी के मुताबिक एमसीडी स्कूल के दू महिला टीचर लोग अपनिये में झगड़ा में 5वीं क्लास के लइकी के पहिले पेपर कटर से मरली फिर पहिला मंजिल से फेंक दिहलें। घटना में लइकी के कपार में चोट आइल, जेकर इलाज हिंदूराव अस्पताल में चल रहल बा।

डीबीजी रोड थाना पुलिस के जानकारी मिलल कि एक बच्ची के शिक्षक पहिला मंजिल से फेंक दिहले बाड़ी। सूचना मिलले के बाद मौका पs पुलिस टीम पहुंचल। पुलिस के मौका से पता चलल कि फिल्मिस्तान के मॉडल बस्ती प्राथमिक विद्यालय के 5वीं क्लास के छात्रा के गीता देशवाल नाम के शिक्षक पहिला मंजिल से फेंक दिहलें। एहसे पहिले टीचर उनकर पिटइयो कइले रहली।

पीड़ित बच्ची अस्पताल में बतवली कि मास्टरनी पहिले कैंची से उनके मरली। टीचर उसके बालो कटले रहली। पीड़िता बतवली कि क्लास में ऊ कौनो बदमाशियो नाइ कइले रहली तब्बो ऊ उनके छत से फेंक दिहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]