Shubman Gill: 2025 में शुभमन गिल सहित खाली दुगो खिलाड़ी वनडे आ टेस्ट, दुनो प्रारूपन में बनल लो प्लेयर ऑफ द सीरीज

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ इंग्लैंड के बीच हालिया सीरीज में कप्तान शुभमन गिल शानदार फॉर्म में दिखलें। उ 10 पारियन में 75.40 के औसत से सबसे जादे 754 रन बनवलें। एमे चार शतक सामिल बा। एकरा खातिर उनका के प्लेयर ऑफ द सीरीज चुनल गइल। उ एह साल अभी तक ओह दुनो खिलाड़ियन में सामिल बाड़ें, जेकरा एह साल टेस्ट आ वनडे, दुनो प्रारूप में प्लेयर ऑफ द सीरीज के अवॉर्ड मिलल बा। उनका अलावा अइसन करे वाला खिलाड़ी न्यूजीलैंड के तेज गेंदबाज मैट हेनरी बाड़ें। एतनही ना, गिल साल 2023 से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में सबसे जादे रन के ममिला में भारत के दुगो दिग्गज रोहित शर्मा आ विराट कोहली के पीछे छोड़ देले बाड़ें।

गिल इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के टेस्ट सीरीज से पहिले एह साल के सुरुआत में इंग्लैंड के खिलाफ तीन मैचन के वनडे सीरीज में प्लेयर ऑफ द सीरीज अवॉर्ड जीतले रहस। ओहिजा, फरवरी में खेलल गइल वनडे सीरीज में गिल तीन पारियन में 86.33 के औसत से 259 रन बनवले रहस। एमे एगो शतक आ दुगो अर्धशतक सामिल बा। ओहिजा, न्यूजीलैंड के मैट हेनरी के हाले में जिम्बाब्वे के खिलाफ दु मैचन के टेस्ट सीरीज में प्लेयर ऑफ द सीरीज अवॉर्ड दिहल गइल। उ घातक गेंदबाजी करत घरी दु मैचन में 16 विकेट झटकलें। एमे दुगो फाइव विकेट हॉल सामिल बा। एकरा अलावे उ एह साल के सुरुआत में श्रीलंका के खिलाफ तीन मैचन के वनडे सीरीज में प्लेयर ऑफ द सीरीज के अवॉर्ड जीतले रहस। उ तीन मैचन में नव विकेट झटकले रहस। एमे दुगो दो 4फर्स सामिल बा।

ओहिजा, साल 2023 से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में माने तीनो प्रारूपन के मिलाकर गिल रोहित आ कोहली, दुनो से जादे रन बनवले बाड़ें। गिल साल 2023 से अब तक तीनो प्रारूपन के मिलाके 85 मैचन के 105 पारियन में 48.17 के औसत से 4577 रन बनवले बाड़ें। एमे 16 शतक आ 17 अर्धशतक सामिल बा। उ एह अवधि में विश्व में सबसे जादे रन बनावे वाला खिलाड़ी बाड़ें। गिल के बाद श्रीलंका के कामिंदु मेंडिस के नंबर आवेला। कामिंदु साल 2023 से अभी ले 107 अंतरराष्ट्रीय मैचन में 39.46 के औसत से 4341 रन बनवले बाड़ें। एमे सात शतक आ 27 अर्धशतक सामिल बा। ओहिजा, इंग्लैंड के जो रूट 53 मैचन के 77 पारियन में 54.75 के औसत से 3833 रन बनवले बाड़ें। एमे 13 शतक आ 17 अर्धशतक सामिल बा।

ओहिजा, रोहित शर्मा साल 2023 से अभी ले 71 मैचन के 87 पारियन में 39.70 के औसत से 3256 रन बनवले बाड़ें। एमे आठ शतक आ 19 अर्धशतक सामिल बा। जबकि विराट कोहली 66 मैचन के 77 पारियन में 43.49 के औसत से 3001 रन बनवले बाड़ें। एमे 10 शतक आ 14 अर्धशतक सामिल बा। गिल हाल फिलहाल में बल्लेबाजी में भारत के सबसे बड़ उम्मीद बनके उभरल बाड़ें। इहे वजह बा कि चयनकर्ता उनका पs टेस्ट में भरोसा जतावत कप्तानी सउपले बाड़ें। संगही वनडे में उनका के उपकप्तान नियुक्त कइल गइल बा। रोहित आ कोहली टेस्ट आ टी20 से संन्यास ले चुकल बाड़ें। अइसन में कुछ समय बाद गिल वनडे में भारतीय टीम के कमान संभारत लउक सकत बाड़ें।

Read Also: Gorakhpur News : DAV पीजी कॉलेज में ‘हर घर तिरंगा’ अभियान के तहत तिरंगा राखी आ बोर्ड सजावट प्रतियोगिता के आयोजन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-