Gorakhpur News : DAV पीजी कॉलेज में ‘हर घर तिरंगा’ अभियान के तहत तिरंगा राखी आ बोर्ड सजावट प्रतियोगिता के आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 8, 2025

गोरखपुर : डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) की दयानंद इकाई के तत्वावधान में‘हर घर तिरंगा अभियान’के तहत तिरंगा राखी और तिरंगा बोर्ड सजावट प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के अध्यक्षता

Share

गोरखपुर : डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) की दयानंद इकाई के तत्वावधान में‘हर घर तिरंगा अभियान’के तहत तिरंगा राखी और तिरंगा बोर्ड सजावट प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के अध्यक्षता महाविद्यालय की प्राचार्या प्रो. शैल पांडे ने की, जबकि संचालन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता द्वारा कइल गइल।

एह आयोजन में स्वयंसेवकन आ स्वयंसेविका लोग पूरा निष्ठा, देशभक्ति आ उत्साह के संगे प्रतिभाग कइल। कार्यक्रम के उद्देश्य छात्रन में राष्ट्रध्वज के प्रति सम्मान आ राष्ट्रीय एकता के भावना के मजबूत कइल रहे।

प्रतियोगिता के विजेता

बोर्ड सजावट प्रतियोगिता में:

  • पहिला स्थान: दृष्टि गुप्ता
  • दूसरा स्थान: आस्था सिंह
  • तीसरा स्थान: रिमझिम

राखी मेकिंग प्रतियोगिता में:

  • पहिला स्थान: शीतल थापा
  • दूसरा स्थान: मरियम फातिमा
  • तीसरा स्थान: नाजिया

एह अवसर पs अर्थशास्त्र विभाग के सह-आचार्य डॉ. पूनम मुख्य अतिथि के रूप में छात्रन के उत्साहवर्धन कइली। उ कहली, “तिरंगा हमनी के राष्ट्र के आत्मा हs। एकर हर रंग – केसरिया, उजर आ हरियर– अलग-अलग राष्ट्रीय मूल्यन आ आदर्शन के दर्शावेला। चक्र प्रगति आ निरंतरता के प्रतीक हs।”

डॉ. संजय कुमार पांडे, डॉ. संजय कुमार मिश्रा, डॉ. संजय कुमार श्रीवास्तव, डॉ. रागिनी दीक्षित आ डॉ. मनोज कुमार श्रीवास्तव एह आयोजन में उपस्थित रहल लो आ विद्यार्थियन के उत्साहवर्धन कइल।

कार्यक्रम में प्रमुख रूप से NSS स्वयंसेविका नीतू सिंह, वैष्णवी, श्रद्धा, सुषमा, खुशबू आ स्वयंसेवक विनय, विवेक, शिवेश मिश्रा सहित आउर लोग भाग लिहल।

Read Also: 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.